प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 29-30 सितंबर के गुजरात दौरा पर रहिहें। एह दौरान उ सूरत, भावनगर, अहमदाबाद अउरी अंबाजी में लगभग 29,000 करोड़ रुपया के विभिन्न विकास परियोजना उद्घाटन अउरी शिलान्यास करिहें। पीएम मोदी नई ब्रॉड गेज लाइन के शिलान्यास करिहें। जेसे तीर्थयात्रियन के अंबाजी के यात्रा कइले में आसानी होई। एकरे अलावा पीएम मोदी भावनगर में दुनिया के पहिले सीएनजी टर्मिनल के आधारशिला रखिहें। गुजरात में पहिला बेर 36वें राष्ट्रीय खेल के उद्घाटन करिहें।
36वें राष्ट्रीय खेलन के आगाज
36वें राष्ट्रीय खेल के आगाज बियफ़े देश के सबसे बड अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में होखे जा रहल बा। खेलन के उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी रंगारंग समारोह के जरिए करिहें। एह दौरान पीएम खेल में भाग लेवे आ रहल देश के 36 राज्य अउर केंद्र शासित प्रदेश के लगभग 15 हजार खिलाड़ी, प्रशिक्षकन अउरी ऑफिशियल्स के संबोधित करिहें।
समारोह के दौरान केंद्रीय खेल मंत्री अनुराग ठाकुर अउर गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेंद्र पटेल भी मौजूद रहिहें। सात साल बाद आयोजित हो रहल ई खेल 12 अक्तूबर ले गुजरात के छह शहर में आयोजित कइल जाई।
36 खेल के होखे के बा आयोजन
गुजरात में पहिला बेर राष्ट्रीय खेल के आयोजन कइल जा रहल बा। दरअसल ई खेल गोवा में होखे वाला रहल अउर लगातार लटकत आवत रहे। लेकिन गुजरात सरकार सिर्फ तीन माह के अंदर एह खेल के आयोजन कइले के हामी भर लीहलस जेके अब मूर्तरूप दिहल जा रहल बा। ई खेल अहमदाबाद, गांधीनगर, सूरत, राजकोट, भावनगर अउरी वडोदरा में आयोजित होइहें। एह खेल में 36 खेल स्पर्धा के आयोजन होई। साइकलिंग के इवेंट दिल्ली के आईजी वेलोड्रम में आयोजित होखे के बा।