[the_ad_group id="30365"]

औरंगाबाद के 11 पहलवान जाई लो सारण: राज्यस्तरीय सीनियर कुश्ती प्रतियोगिता में लेले भाग, 22 आ 23 अक्टूबर के बा आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

22 आ 23 अक्टूबर के सारण जिला में राज्य स्तरीय सीनियर कुश्ती प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाये के बा। जेमे औरंगाबाद जिला के 11 पहलवान भाग लिही लो। जेमे तीन गो महिला आ आठ गो पुरूष पहलवान शामिल बा। महिला वर्ग में 59 किलो भार वर्ग में रिचा कुमारी, 50 किलो भार वर्ग में पूजा कुमारी, 76 किलो भार वर्ग में जम्होर के सौम्या रुनझुन भाग लिहे। जबकि पुरुष वर्ग में 57 किलो भार वर्ग में नंदन कुमार, 61 किलो भार वर्ग में सुशील कुमार, 67 किलो में रितेश कुमार, 55 किलो भार वर्ग में निखिल कुमार, 60 किलो भार वर्ग में अनिकेत रमन, 70 किलो भार वर्ग में विवेक कुमार, 120 किलो भार वर्ग में शुभम कुमार आ अभिमन्यु कुमार शामिल बा लो।

ऊपर वर्णित सब पहलवान सारण खातिर रवाना हो चुकल बा लो। ई जानकारी जिला कुश्ती संघ के सचिव उदय तिवारी देले। सीनियर प्रतियोगिता में भाग लेवे वाला पहलवानन के जिला कुश्ती संघ के पदाधिकारी ने बधाई दिहल लो । कुश्ती संघ के संरक्षक डॉ. धर्मेंद्र कुमार, मुख्य संरक्षक एलआईसी डीईओ संजय कुमार सिंह, कुश्ती संघ के जिलाध्यक्ष गौरव राणा, कबड्डी संघ के अध्यक्ष विनोद कुमार सिंह, उपाध्यक्ष कुश्ती संघ पूर्व मुखिया ओबरा प्रमोद भगत, उप संरक्षक कुश्ती संघ राम बहादुर सिंह उर्फ मुन्ना सिंह समेत आउर लोग बधाई दिहल लो।

ओहिजा मेहनत के दम प जिला के मेडल दिलावे के लेके अपील कइलें। कुश्ती संघ सचिव उदय तिवारी जिला के प्रतिनिधित्व कोच के भूमिका में करिहें। ऊ बतवले कि जिला के पहलवान लगातार मेहनत कर रहल बा लो। जिला के मेडल जरूर दिलाई लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]