Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM MODI Speech in Parliament Special session : पीएम मोदी कहले- 140 करोड़ नागरिकन के सफलता ह G-20

संसद के विशेष सत्र शुरू हो गइल बा। पीएम मोदी लोकसभा में आपन संबोधन दे रहल बाड़े। एह दौरान उ कहले कि पुरान संसद के विदाई एगो भावुक क्षण ह लेकिन इ भवन आवे वाली पीढ़ी के भी प्रेरित करत रही।

370

 

संसद के विशेष सत्र शुरू हो गइल बा एह मउका पs पीएम मोदी लोकसभा में चर्चा के शुरुआत कईले बाड़े। उ कहले कि इ समय देश के आगे बढ़े के बा। भले हमनी के नया संसद भवन में चलब जा, लेकिन पुरान संसद भवन भी लोग के प्रेरित करत रही। एकरा निर्माण में हमनी के देश के जनता के पईसा अवुरी पसीना लगाल बा। हमनी के ऐतिहासिक भवन के विदाई दे रहल बानी जा।

पीएम साहब कहले कि हमनी के सभे ए ऐतिहासिक भवन के अलविदा कहतानी। आजादी से पहिले ई घर इंपीरियल लेजिस्लेटिव काउंसिल के जगह रहे। आजादी के बाद संसद भवन के पहचान मिल गईल। ई साँच बा कि एह भवन के निर्माण के फैसला विदेशी शासकन के भइल बा बाकिर हमनी के कबो ना भुला सकेनी जा आ गर्व से कह सकीलें कि एकरा निर्माण में जवन मेहनत आ पइसा लागल ऊ हमरा देशवासियन के ह।

पूरा दुनिया के आजु भारत में आपन दोस्त ढूंढ रहल बा: पीएम

पीएम कहले कि पूरा दुनिया के आजु भारत में आपन दोस्त मिल रहल बा। सबका साथ के मंत्र, सबका विकास सबके जोड़ रहल बा। ई संसद हमनी सभे के साझा धरोहर ह। पुरान संसद से विदाई दिहल एगो भावुक पल ह। पीएम कहले कि लोकतंत्र के ताकत बहुत बड़ बा। जे रेलवे स्टेशन पs आपन रोजी रोटी चलावत रहे ऊ संसद पहुंच गइल।

 जी-20 के सफलता देश के 140 करोड़ नागरिकन के सफलता ह : पीएम

पीएम कहले कि आजु रउआ सर्वसम्मति से जी-20 के सफलता के तारीफ कईले बानी। हम रउआ सभे के प्रति आपन आभार व्यक्त करत बानी। जी-20 के सफलता देश के 140 करोड़ नागरिकन के सफलता ह। इ भारत के सफलता ह, कवनो व्यक्ति या पार्टी के ना। ई हमनी सभे खातिर जश्न के कारण बा।

सदन के गरिमा महिला लो से बढ़ी : पीएम

पीएम कहले कि समय के संगे सदन के रचना भी बदलत रहल अवुरी समावेशी होखत गईल। पहिले महिला के संख्या कम रहे लेकिन अब महतारी-बहिन के चलते सदन के इज्जत बढ़ गईल बा। एह पूरा समय में साढ़े सात हजार से अधिका प्रतिनिधि दुनो सदन में योगदान देले बाड़े। एह दौरान लगभग 600 महिला सांसद के भी योगदान रहे। इहे सदन ह जवना में 93 साल के शफीकुर्रहमान जी के भी योगदान बा।

सांसद Covid अवधि में भी सदन में अइले : पीएम

पीएम मोदी Covid काल में सदन में हालात पs चर्चा कइलन। उ कहले कि Covid काल में भी तमाम गंभीर समस्या के बावजूद दुनो सदन के सांसद मौजूद रहले। Covid testing करावल गइल, मास्क भी पहिनावल गइल लेकिन कवनो काम ना रुकल। कोरोना काल में केहू व्हील चेयर रखले बा त केहू डाक्टर के बाहर रख के सदन के भीतर आ गइल बा।

 

 

 

643040cookie-checkPM MODI Speech in Parliament Special session : पीएम मोदी कहले- 140 करोड़ नागरिकन के सफलता ह G-20

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.