Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM Modi: जन्मदिन पs पीएम मोदी दिहें कई गो सौगात, ‘प्रधानमंत्री विश्वकर्मा’ आ ‘यशोभूमि’ के करिहें शुरुआत, कबो बेचत रहले चाय, आजु दुनिया में बज रहल बा डंका

नरेंद्र मोदी बचपन से ही बहुत मेहनती रहले। कई बेर उ बतवले बाड़े कि स्कूल के बाद उ अपना पिता दामोदर दास मोदी के काम में मदद करत रहले। घर के आर्थिक हालत ठीक ना रहे एहसे उ रेलवे स्टेशन पs बाबूजी के संगे चाय बेचत रहले अवुरी घर में माई हीराबेन के भी मदद करत रहले। चाय बेचे के वजह से आजु चायवाला प्रधानमंत्री के रूप में जनता के बीच लोकप्रिय बाड़े।

1,460

 

 

पीएम नरेंद्र मोदी के जन्मदिन के अपडेट : भारतीय जनता पार्टी के ओर से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के 73वां जन्मदिन पs रविवार के ‘सेवा पखवाड़ा’ शुरू कईल जाई। एकरा अलावे पीएम मोदी सरकार के महत्वाकांक्षी योजना ‘प्रधानमंत्री विश्वकर्मा’ के शुरुआत करीहे। संगही, द्वारका में ‘यशोभूमि’ नाम के इंडिया इंटरनेशनल कन्वेंशन एंड एक्सपो सेंटर (आईआईसीसी) के पहिला चरण अवुरी दिल्ली मेट्रो के एयरपोर्ट एक्सप्रेस लाइन के विस्तारित खंड के उद्घाटन भी करीहे।

‘यशोभूमि’ के उद्घाटन आ एयरपोर्ट एक्सप्रेस लाइन के विस्तार

पीएम मोदी द्वारका में ‘यशोभूमि’ आ दिल्ली मेट्रो के एयरपोर्ट एक्सप्रेस लाइन के विस्तारित खंड के उद्घाटन भी करीहे। एयरपोर्ट एक्सप्रेस लाइन के विस्तारित खंड द्वारका सेक्टर 21 स्टेशन से द्वारका सेक्टर 25 से जोड़ल जाई। दरअसल प्रधानमंत्री मोदी के विजन बा कि देश में बैठक, सम्मेलन अवुरी प्रदर्शनी के आयोजन खातीर विश्वस्तरीय बुनियादी ढांचा बनावल जाए। अयीसना में ‘यशोभूमि’ ए अभ्यास के बढ़ावा दिही।

प्रधानमंत्री विश्वकर्मा के बारे में जानी

आजु विश्वकर्मा जयंती भी ह। एह दौरान प्रधानमंत्री मोदी आपन सरकार के महत्वाकांक्षी योजना ‘प्रधानमंत्री विश्वकर्मा’ के शुरुआत करीहें। एकरा माध्यम से कारीगर, शिल्पकार अवुरी पारंपरिक कौशल में लागल लोग के मदद कईल जाई। एह परंपरागत पेशा सभ में लागल लोग आमतौर पs अन्य पिछड़ा वर्ग से आवे ला। अयीसना में 13 हजार करोड़ के बजट के ए योजना के भाजपा के ओर से ए वर्ग ले पहुंचे के कोशिश के रूप में देखल जाता।

सेवा पखवाड़ा का ह?

‘सेवा पखवाड़ा’ के माध्यम से भाजपा समाज के अलग-अलग वर्ग तक पहुंची। पार्टी देश भर में तरह तरह के कल्याणकारी गतिविधि के आयोजन भी करी। एहमें सरकार के कई तरह के उपलब्धि शामिल बा जवना में लोग तक पहुंचल, रक्तदान शिविर, स्वच्छता अभियान आ स्वास्थ्य शिविर जइसन कल्याणकारी गतिविधि शामिल बा।

कबो बेचत रहले चाय, आजु दुनिया भर में बज रहल बा डंका

देश के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु आपन 73वां जन्मदिन मनावत बाड़न। आपन बचपन गरीबी में बितवले पीएम नरेंद्र मोदी अपना उच्च भावना के आधार पs दुनिया भर में आपन पहचान बनवले बाड़े। भारत में ही ना बलुक पूरा दुनिया में उ बहुत लोकप्रिय बाड़े। उ देश के एगो नया दिशा देले बाड़े। 17 सितम्बर 1950 के गुजरात के वडनगर में एगो मध्यमवर्गीय परिवार में जनमल नरेंद्र मोदी के बचपन चुनौती से भरल रहे। इहाँ तक कि परिवार के पेट भरे खातीर रेलवे स्टेशन पs चाय बेचे के पड़ल, लेकिन देशभक्ति के भावना कबहूँ कम ना भईल।

नरेंद्र मोदी बचपन से ही बहुत मेहनती रहले। कई बेर उ बतवले बाड़े कि स्कूल के बाद उ अपना पिता दामोदर दास मोदी के काम में मदद करत रहले। घर के आर्थिक हालत ठीक ना रहे एहसे उ रेलवे स्टेशन पs बाबूजी के संगे चाय बेचत रहले अवुरी घर में माई हीराबेन के भी मदद करत रहले। चाय बेचे के वजह से आजु उ चायवाला प्रधानमंत्री के रूप में जनता के बीच लोकप्रिय बाड़े। 1965 में भारत पाकिस्तान युद्ध के दौरान रेलवे स्टेशन से गुजरत जवानन के चाय परोसले रहले। तब भारत माई के सेवा करे के इच्छा उनका भीतर अउरी मजबूत हो गइल। तब ऊ तय कइले रहले कि जब बड़ हो जइहें त देश के सेवा करब।

” पीएम नरेंद्र मोदी अपना राजनीतिक कैरियर के शुरुआत एगो आम कार्यकर्ता के रूप में कईले। महज आठ साल के उमिर से आरएसएस के प्रचारक के रूप में जनसेवा शुरू करे वाला नरेंद्र मोदी 1985 में भाजपा में शामिल भईले। साल 2001 में गुजरात के 14वां मुख्यमंत्री बनले। उहाँ के बेहतरीन काम आ जनहित में लिहल फैसला के चलते उ गुजरात के लोग के पहिला पसंद बन गईले। इहे कारण बा कि उ 2001 से 2014 तक गुजरात के मुख्यमंत्री के पद पs रहले अवुरी आजु भी लोग के दिमाग पs राज करतारे।”

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.