[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी कइले दू दिवसीय ड्रोन महोत्सव के उद्घाटन, कहने- 2030 ले भारत बनी हब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफे का दिने दिल्ली के प्रगति मैदान में दू दिन ले चले वाला ड्रोन फेस्टिवल 2022 के उद्घाटन कइलन. एह दौरान उ प्रदर्शनी के निरीक्षण भी कईले। प्रधानमंत्री कहले, हम ड्रोन प्रदर्शनी से प्रभावित बानी। 2030 तक भारत ड्रोन हब बन जाई। उ कहले कि, आज हम जवन स्टॉल प गईल रहनी, उहाँ सभे गर्व से कहत रहे कि इ मेक इन इंडिया ह। प्रधानमंत्री कहले कि, इ महोत्सव सिर्फ ड्रोन के नईखे, इ न्यू इंडिया – न्यू गवर्नेंस के जश्न बा। ड्रोन तकनीक के लेके भारत में जवन उत्साह देखल जा रहल बा उ गजब के बा। ई ऊर्जा लउकत बा, ई भारत में ड्रोन सेवा आ ड्रोन आधारित उद्योग में क्वांटम जंप के प्रतिबिंब ह. पीएम कहले कि, इ ऊर्जा भारत में रोजगार पैदा करे के एगो उभरत बड़ क्षेत्र के क्षमता के दर्शावता।

उ कहले कि इ समय आठ साल पहिले के ह, जब हमनी के भारत में सुशासन के नाया मंत्र के लागू करे के काम शुरू कईनी। तकनीक के समस्या के हिस्सा समझल प्रधानमंत्री मोदी कहले कि, पहिले सरकार तकनीक के समस्या के हिस्सा मानत रहली। उनुका के गरीब विरोधी साबित करे के कोशिश कईल गईल। एकरा चलते 2014 से पहिले शासन में तकनीक के इस्तेमाल के लेके उदासीनता के माहौल बनल रहे| सबसे गरीब के सबसे जादा नुकसान भईल, वंचित अवुरी मध्यम वर्ग के सबसे जादे नुकसान भईल।

उ कहले कि, तकनीक के माध्यम से हमनी के आगे बढ़ सकतानी अवुरी अंत्योदय के लक्ष्य के हासिल क सकतानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]