नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध से दू दिन के इजरायल दौरा पs जा रहल बाड़ें। नव साल में ई उनकर दूसरका इजरायल दौरा हs। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव, खास कs के अमेरिका आ ईरान के बीच बिगड़त रिश्ता के बीच हो रहल ई यात्रा के भारत-इजरायल रणनीतिक साझेदारी आउर मजबूत करे के दिशा में बड़ डेग मानल जा रहल बा।
पीएम मोदी के दौरा से पहिले इजरायल के संगे मुक्त बेयपार समझौता (एफटीए) पs बातचीत आगे बढ़े के उम्मेद बा। एह मुद्दा पs चार दिन के बैठक चल रहल बा, जवन 26 फरवरी के खत्म होई।
इजरायल के संसद के संबोधित करिहें पीएम मोदी
अपना दौरा के दौरान प्रधानमंत्री इजरायल के संसद के संबोधित करिहें। एकरा संगही इजरायली प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू से व्यापक बातचीत करिहें आ राष्ट्रपति इसहाक हर्जोग से मुलाकात करिहें।
पीएम मोदी के सम्मान में रात्रिभोज
प्रधानमंत्री मोदी के सम्मान में बुध के रात नेतन्याहू निजी रात्रिभोज के आयोजन करिहें। नेतन्याहू सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के पीएम मोदी के दौरा के बेसब्री से इंतजार करे के बात कहले बाडे़ं।
बिदेस मंत्रालय के कहनाम बा कि ई यात्रा दुनो देसन के बीच गहिराह आ दीर्घकालिक रणनीतिक रिश्ता के फेर से पुष्टि करी। एकरा संगे साझा चुनौती पs समीक्षा आ मजबूत साझेदारी के साझा नजरिया के आगे बढ़ावे के मवका मिली।
रक्षा आ सुरक्षा सहजोग प्रमुख एजेंडा
सूत्रन के मोताबिक प्रतिनिधिमंडल स्तर के बातचीत में रक्षा आ सुरक्षा सहजोग सबसे अहम एजेंडा रही। भारत स्वदेशी वायु रक्षा प्रणाली ‘सुदर्शन चक्र’ विकसित करे के दिशा में काम कs रहल बा। एह क्रम में इजरायल के बहुस्तरीय वायु रक्षा प्रणाली ‘आयरन डोम’ के कुछ तकनीकी तत्व सामिल करे के संभावना पs चरचा हो सकेला।
बता दीं कि प्रधानमंत्री मोदी के पहिला इजरायल दौरा जुलाई 2017 में भइल रहे, जवना में द्विपक्षीय संबंध के रणनीतिक साझेदारी के स्तर तक ले जाइल गइल रहे। ओकरा बाद जनवरी 2018 में नेतन्याहू भारत दौरा पs आइल रहे।





