Trump : भारत-पाक तनाव पs फेर बोललें ट्रंप, दावा कइलें- जदि हम दखल ना देती तs खतरा में रहे पाकिस्तानी पीएम के जान

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव पs फेर से बड़ बयान देले बाड़ें। अमेरिकी संसद में संबोधन देत ट्रंप कहलें कि जदि ऊ समय रहते दखल ना देले रहतें,

Share

Donald Trump

सेंट्रल डेस्क। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव पs फेर से बड़ बयान देले बाड़ें। अमेरिकी संसद में संबोधन देत ट्रंप कहलें कि जदि ऊ समय रहते दखल ना देले रहतें, तs हालात परमाणु जंग तक पहुंच सकत रहे आ पाकिस्तानी प्रधानमंत्री के जान खतरा में पड़ जाइत। ट्रंप दावा कइलें कि हालात एतना बिगड़ गइल रहे कि लाखन-करोड़न लोग चिंतित रहे।

अपन भाषण में ट्रंप कहलें कि पहिला 10 महीना के कार्यकाल में ऊ आठ गो जंग रुकववले बाड़ें। उनका मोताबिक भारत-पाकिस्तान के बीच तनाव बहुते गंभीर हो गइल रहे आ परमाणु टकराव के आशंका बन गइल रहे। ट्रंप इहो कहलें कि करीब 3.5 करोड़ लोग मान लेले रहे कि जदि उनकर दखल ना होइत तs पाकिस्तान के प्रधानमंत्री के जान जा सकत रहे। एह दौरान ट्रंप इस्राइल-ईरान, आर्मेनिया-अजरबैजान, कांगो-रवांडा आ कंबोडिया-थाईलैंड के संघर्ष रोकला के दावा दोहरवलें। ऊ आपन सहजोगी स्टीव विटकॉफ, जेरेड कुशनर आ बिदेस मंत्री मार्को रुबियो के तारीफ करे से ना चूकलें।

पहिलहूं कइयन बेर कs चुकल बाड़ें दावा

ई पहिला मवका नइखे जब ट्रंप एह तरे के बयान दे रहल बाड़ें। पिछिला साल 10 मई के बाद से ऊ 80 से जादे बेर भारत-पाक संघर्ष रोके के श्रेय अपना माथे ले चुकल बाड़ें। बोर्ड ऑफ पीस के कार्यक्रम होखे भा चाहे अंतरराष्ट्रीय मंच, ट्रंप हर जगह ई बात दोहरवले बाड़ें कि उनका पहल से जंग टल गइल।

हालांकि भारत हमेशा ट्रंप के एह दावा के खारिज करत आइल बा। भारत के बिदेस मंत्रालय साफ कइले रहे कि कवनो तीसरा पक्ष के दखल से तनाव कम नइखे भइल। मंत्रालय के मुताबिक भारत आ पाकिस्तान के बीच डीजीएमओ स्तर पs बातचीत के बाद हालात काबू में आइल।

ऑपरेशन सिंदूर का रहे?

पहलगाम हमला में 26 नागरिकन के मौत के बाद भारत 7 मई 2025 के पाकिस्तान के खिलाफ संयुक्त सैन्य अभियान ‘ऑपरेशन सिंदूर’ चलवले रहे। 7 से 10 मई तक चलल एह कार्रवाई में थलसेना, वायुसेना आ नौसेना मिलके आतंकी आ सैन्य ठिकानन पs हमला कइल। भारत के दावा रहे कि ई कार्रवाई आत्मरक्षा आ आतंकवाद के खिलाफ जरूरी रहे।

Read Also: Cabinet : इंफ्रास्ट्रक्चर आ रेलवे परियेाजनन खातिर 12,236 करोड़ रुपिया मंजूर, केरल के नाम बदल के होई केरलम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.