प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफे (7 फरवरी) भारत वेव्स शिखर सम्मेलनआ दुनिया के टॉप प्रोफेशनल से बातचीत कइलन जे WAVES Summit सम्मेलन के सलाहकार बोर्ड के हिस्सा हउवें. अमिताभ बच्चन, दिलजीत दोसांझ, रजनीकांत, शाहरुख खान, रणबीर कपूर, चिरंजीवी, अनिल कपूर, अक्षय कुमार, अनुपम खेर आ एआर रहमान जइसन फिल्मी हस्तियन से उनुकर वर्चुअल इंटरैक्शन भइल. प्रधानमंत्री रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी, माइक्रोसॉफ्ट के सीईओ सत्य नडेला, महिंद्रा एंड महिंद्रा के चेयरपर्सन आनंद महिंद्रा आ अउरी कई गो मशहूर बिजनेस टाइकून से बातचीत कइलन.
वेव्स शिखर सम्मेलन पs देले पीएम मोदी अपडेट
ट्विटर पs एs लोग के बातचीत के झलक देत प्रधानमंत्री लिखले कि, ‘अबे मनोरंजन, रचनात्मकता अवुरी संस्कृति के दुनिया के एक संगे ले आवे वाला वैश्विक शिखर सम्मेलन वेव्स के सलाहकार बोर्ड के बैठक संपन्न भईल।’ सलाहकार बोर्ड के सदस्य अलग-अलग वर्ग के सबसे तेज सितारा हवे, जवन कि भारत के वैश्विक मनोरंजन केंद्र बनावे के हमनी के प्रयास के आगे बढ़ावे खातीर ना खाली आपन समर्थन देखवले बाड़े बालुक बहुत बढ़िया सुझाव भी साझा कईले बाड़े।’ दिसंबर 2024 में पीएम मोदी वर्ल्ड ऑडियो विजुअल एंटरटेनमेंट समिट (WAVES) के शुरुआत के एलान कइलें आ कहलें कि ई भारत के पूरा दुनिया में अउरी ढेर लउके के दिशा में एगो महत्वपूर्ण कदम बा। उs रचनात्मक क्षेत्र में काम करे वाला युवा लोग से भी एह शिखर सम्मेलन में भाग लेवे के निहोरा कईले।
Just concluded an extensive meeting of the Advisory Board of WAVES, the global summit that brings together the world of entertainment, creativity and culture. The members of the Advisory Board are eminent individuals from different walks of life, who not only reiterated their… pic.twitter.com/FoXeFSzCFY
— Narendra Modi (@narendramodi) February 7, 2025
इहो पढ़ीं: का शिल्पा शिरोडकर के बहिन नम्रता- महेश बाबू से चल रहल बा अनबन? एक्ट्रेस बतवली सच
वेव्स शिखर सम्मेलन काहे भइल?
एह बइठक में नवाचार, वैश्विक नेतृत्व, भारत के सांस्कृतिक, तकनीकी प्रभाव आ विश्व पटल पर भारत के स्थिति में सुधार आ आगे बढ़ावे के रणनीति पर चर्चा भइल. वेव्स समिट, जवन विभिन्न क्षेत्र के विचारक नेता लोग के एक साथ ले आवे खातिर जानल जाला। एकर मकसद बा कि उद्योगन के बीच सहयोग के बढ़ावा दिहल जाव आ भारत के डिजिटल-क्रिएटिव अर्थव्यवस्था में ले आवल जाव.
चिरंजीवी पीएम मोदी से वादा कईले
Thank you Hon’ble Prime Minister Shri @narendramodi ji for this honor. 🙏🙏
— Chiranjeevi Konidela (@KChiruTweets) February 8, 2025
It was indeed a privilege to be part of the Advisory Board for WAVES ( World Audio Visual Entertainment Summit ) and share my two cents along with other esteemed members.
I have no doubts that #WAVES,… https://t.co/zYxpiWVgli pic.twitter.com/VvFj0XGjzt
ओने मेगास्टार चिरंजीवी के वर्ल्ड ऑडियो विजुअल एंटरटेनमेंट (वेव्स) के सलाहकार बोर्ड में शामिल कइल गइल बा. अपना पोस्ट में उs प्रधानमंत्री मोदी के धन्यवाद देले कि उनुका के वेव्स के सलाहकार बोर्ड में शामिल कईल गईल। चिरंजीवी वादा कइले कि ई लोग मिल के #WAVES के भारत के ‘सॉफ्ट पावर’ के अउरी ऊँचाई पs ले जाए में मदद करी आ भारत के वैश्विक सामग्री निर्माण के केंद्र बनावे में मदद करी।
इहो पढ़ीं: Maha Shivratri 2025: कब हs महाशिवरात्रि, जानीं तारीख, पूजा विधि आ शुभ मुहूर्त