सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इंस्टाग्राम पs नया रिकॉर्ड बना देले बाडें। पीएम मोदी के इंस्टाग्राम फॉलोअर्स के संख्या 10 करोड़ के पार हो गइल बा। एह उपलब्धि के हासिल करे वाला ऊ दुनिया के पहिला नेता बन गइलें। पीएम मोदी साल 2014 में इंस्टाग्राम जॉइन कइले रहस। सोशल मीडिया पs उनकर लोकप्रियता के अंदाजा एह बात से लगावल जा सकेला कि इंस्टाग्राम पs उनका के फॉलो करे वाला लोगन के संख्या कइयन गो बड़-बड़ वैश्विक नेता लोगन से कहीं जादे बा।
पीएम मोदी के इंस्टाग्राम फॉलोअर्स, अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से दोगुना से जादे बा। ट्रंप के इंस्टाग्राम पs लगभग 4.3 करोड़ फॉलोअर्स बा लोग। ओहिजा, इंडोनेशिया के राष्ट्रपति प्रबावो सुबियांतो के करीब 1.5 करोड़, ब्राजील के राष्ट्रपति लूला दा सिल्वा के 1.4 करोड़, तुर्किए के राष्ट्रपति रेसेप तैयप एर्दोगान के 1.1 करोड़ आ अर्जेंटीना के राष्ट्रपति जेवियर मिलेई के करीब 64 लाख फॉलोअर्स बा लोग। एह सभ नेता लोगन के कुल फॉलोअर्स जोड़ दिहल जावs तबो पीएम मोदी से कम पड़ जाई।
भारतीय नेता लोगन के तुलना में पीएम मोदी बहुते आगे बाड़ें। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के इंस्टाग्राम पs लगभग 1.6 करोड़ फॉलोअर्स बा लोग, जबकि कांग्रेस नेता राहुल गांधी के करीब 1.2 करोड़ लोग फॉलो करेला।
एह बीच पीएम मोदी एह समय इस्राइल दौरा पs बाड़ें। बुध के दिन ऊ इस्राइली संसद नेसेट के संबोधित कइलें, अइसन करे वाला ऊ भारत के पहिला प्रधानमंत्री बन गइलें। इस्राइल सरकार पीएम मोदी के संसद में दिहल भाषण खातिर ‘स्पीकर ऑफ द नेसेट मेडल’ देके सम्मानित कइलस। भाषण के दौरान सब सांसद खड़ा होके उनका के सम्मान कइलें। पीएम मोदी कहलें कि भारत में इस्राइल के बहुते सम्मान बा आ दूनो देसन के रिश्ता हजारन साल पुरान हs। एह मवका पs इस्राइली पीएम नेतन्याहू पीएम मोदी के “एशियाई शेर” कहके संबोधित कइलें।
Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में वार्षिक क्रीड़ा प्रतियोगिता संपन्न, आज से सांस्कृतिक कार्यक्रम







