[the_ad_group id="30365"]

PM लाल किला पs 10वीं बेर तिरंगा फहरवलें: कहलें- देस मणिपुर के संगे बा, हिंसा दुखद, शांति से समस्या के हल निकलेला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस मंगर के 77वां स्वतंत्रता दिवस मना रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लाल किला पs 10वीं बेर तिरंगा फहरवलें। एह दौरान 21 तोपन के सलामी दिहल गइल।

एह दौरान ऊ मणिपुर हिंसा के जिक्र कइलें। ऊ कहलें कि पिछला कुछ सप्ताह विशेषकर मणिपुर में जवन हिंसा के दौर चलल कइयन लोगन के आपन जिनगी खोवे के पड़ल। मां-बेटियन के सम्मान के संगे खिलवाड़ भइल। बाकिर कुछ दिनन से लगातार शांति के खबर आ रहल बा।

ऊ कहलें देस मणिपुर के लोगन के साथे बा। देस मणिपुर के लोगन के पिछला कुछ दिनन से जवन शांति बना के रखलें बाड़ें, ओह शांति के परब के आगे बढ़ाई। शांतिये से एकर रास्ता निकली। राज्य आ केंद्र सरकार मिलके एह समस्यन के समाधान खातिर भरपूर प्रयास कs रहल बिया।

मोदी के भाषण के बड़ बात

  • पीएम कहलें, जनसंख्या के दृष्टियो से हमनी नंबर एक देस बानी सs। एतना विशाल देस, के हमनी के परिवारजन आज आजादी के परब मना रहल बा। कोटि-कोटि जनन के देश आ दुनिया में भारत के प्यार करे वालन, सम्मान करे वाला कोटि-कोटि जन के एह परब के अनेक अनेक सुभकामना देत बानी।
  • हमनी के परिवारजन पूज्य बापू के नेतृत्व में जे लोग बलिदान दिहल, अइसन अनगिनत वीरन के हम नमन करत बानी। ओह पीढ़ी में शायदे कवनो व्यक्ति होई, जे आपन जोगदान ना देले होई। जे जे जोगदान देले बा, बलिदान देले बा, त्याग कइले बा, तपस्या कइले बा। ओह सबन के आदर पूर्वक नमन करत बानी।
  • इतिहास के प्रभाव सदियन तक रहेला। सुरुआत में ई छोट लागत बा। बाकिर ऊ आगे कइयन समस्यन के जड़ बन जाला। हजारन साल पहिले एह दस पs आक्रमण भइल। बाकिर तब ई पता तक ना रहे कि एगो घटना देस के गुलामी के बेडि़यन में जकड़ ली। ऊ कइसन हिन्दु़स्तान होई।
  • महमरा परिवार के लोग गड़हा केतनो छोट होखे ऊ एक समय नुकसान पहुंचावेला। बाकिर देस के वीर बलिदान देके मां भारती के आजाद करावल लो। देस के नारी, युवा, गांव के मजदूर हर केहू आजादी के जियले बा।  आपन जवानी खपवले बा।
  • त्याग आ तपस्या के ऊ व्यापक रूप 1947 में हमनी आजादी के तौर पs मिलल। आज अमृतकाल के कालखंड में हमनी जवन करेम, आवे वाला एक हजार साल के स्वर्णिम काल के अंकुरित करे वाला बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]