[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी 72 साल के उमर के बाद भी युवक निहन फिट देखाई देतरे। बताईं कि उनकर फिटनेस के राज का बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम मोदी 72 साल के उमर के बाद भी युवक निहन फिट देखाई देतरे। बताईं कि उनकर फिटनेस के राज का बा

पीएम मोदी फिटनेस : पीएम नरेंद्र मोदी आज 72 साल के हो गईले, पीएम मोदी अपना व्यस्तता का बीच कइसे समय निकालत बाड़न। ऊ अपना के फिट राखे खातिर नियमित वर्कआउट करेलें। उ रोज सबेरे योग अउरी व्यायाम करेले। उनुका जीवनशैली से हमनी के बहुत कुछ सीख सकेनी जा।

 

योग से दिन के शुरुआत होला

पीएम मोदी नियमित रूप से योग करेले। एकरा संगे-संगे ध्यान भी करेले। 21 जून के ‘अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस’ के मौका पे पीएम मोदी के योग करत वीडियो सोझा आआईल रहे। साल 2018 में उ विराट कोहली के दिहल फिटनेस चैलेंज के स्वीकार कईले अउरी व्यायाम के वीडियो ट्विटर पे शेयर कईले।

 

आहार

हल्का नाश्ता खाला, नाश्ता से दिन भर फिट रहेला। ऊ ढेर ना खाले, उनका पोहा बहुते नीक लागेला। उ अपना खाना-पीना पे बहुत ध्यान देवेले। उनकर खाना बहुत संयमित बा। खानपान के देखला पे स्वस्थ भोजन अउरी संतुलित आहार इनकर रोजमर्रा के काम के हिस्सा ह, इ खाना में दलिया जादे खाले। पीएम मोदी शाकाहारी हउवें, एहसे उ रोजमर्रा के खानपान में फल अउरी हरियर सब्जी जादा खाएले। उनके गुजराती पकवान बहुत पसंद आवेला।

 

बारहो महीना तक गरम पानी 

 

मोदी जी के काम लगातार बोले के बा। रैली में भाषण देवेले, पार्टी के कार्यालय में लोग के संबोधित करेले। अयीसना में उ अपना गला के खास ध्यान राखेले अउरी उ हमेशा गुनगुना पानी पीयेले। चाहे कतनो गरम होखे आ ठंडा होखे। एकरा चलते इनकर पाचन भी ठीक रहेला अउरी गला के कवनो समस्या ना होखेला।

 

सुतल

पीएम मोदी तीन से चार घंटा सुतेले अउरी उनुका ओतने नींद से उनुका बहुत ऊर्जा मिलेला। दिन भर काम करे में सक्षम रहेने लेकिन हाँ पर्याप्त नींद लेवेले। उ इ बात साल 2019 में अभिनेता अक्षय कुमार के संगे भईल एगो गैर राजनीतिक साक्षात्कार में बतवले कि उ सबेरे 5 बजे उठेले, 9 बजे नाश्ता करेले। सबेरे उठल स्वस्थ रहे खातिर एगो बढ़िया विकल्प ह।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]