शिंजो आबे के राजकीय अंतिम संस्कार में शामिल भइलें पीएम मोदी, दोस्त के याद क के भइलें भावुक

Share

जापान दौरा पर पहुंचल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी टोक्यों में जापानी पीएम फुमियो किशिदा से मुलाकात कइलें। एह दौरान दूनों नेता लोग के बीच भारत-जापान संबंध के ले के चर्चा भइल। फुमियो किशिदा के साथ द्विपक्षीय बैठक के दौरान पीएम मोदी कहलें, हमके विश्वास बा कि आपके नेतृत्व में भारत-जापान संबंध मजबूत होई अउरी नई ऊंचाई के छुअल जाई अउरी हम दुनिया के समस्या के हल कइले में एगो उपयुक्त भूमिका निबाह पावल जाई।

शिंजो आबे के कइलें याद

एह दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पूर्व जापानी पीएम शिंजो आबे के भी याद कइलें। उ कहलें कि दुख के एह घड़ी में आजु हम मिल रहल बानीं। पिछला बेर जब हम आइल रहनी त हमार जापान के पूर्व प्रधानमंत्री शिंजो आबे से लमहर बातचीत भइल रहे। भारत शिंजो आबे के याद कs रहल बा।

आबे के अंतिम संस्कार में भइलें शामिल

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जापान के पूर्व प्रधानमंत्री शिंजो आबे के राजकीय अंतिम संस्कार में भी शामिल भइलें। एह दौरान ऊ काफी भावुक नजर अइलें। पीएम मोदी के अलावा अमेरिका के उपराष्ट्रपति कमला हैरिस भी आबे के अंतिम संस्कार में पहुंचल बानें। एकरे अलावा 20 से अधिक राष्ट्राध्यक्ष अउर शासनाध्यक्ष समेत 100 से अधिक देशन के प्रतिनिधि जापान पहुंचल बानें। बता देईं जापान के पूर्व प्रधानमंत्री शिंजो आबे के जुलाई में गोली मार के हत्या कs दीहल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-