AI Summit Protest : गंदा आ नंगा राजनीति के अखाड़ा बना दिहल गइल’, कांग्रेस के शर्टलेस प्रदर्शन पs पीएम मोदी के तीखा हमला

PM Modi Attacks Congress Over Shirtless Protest at AI Summit

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के दिन कांग्रेस पs जोरदार हमला कइलें। पीएम मोदी के आरोप रहे कि कांग्रेस एगो राष्ट्रीय कार्यक्रम के कमजोर करे के कोसिस कइले बिया। ई बयान कांग्रेस के ओह प्रदर्शन के लेके रहे, जवना में एआई ग्लोबल समिट के दौरान ओकर नेता लोग बिना शर्ट के विरोध करत नजर आइल।

मेरठ में एगो जनसभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलें कि एह तरे के प्रदर्शन से ओह नेशनल इवेंट के गरिमा तार-तार हो गइल, जवन टेक्नोलॉजी के तरक्की आ इनोवेशन पs केंद्रित रहल। पीएम के कहनाम रहे कि विपक्षी नेता राजनीतिक असहमति से जादे निजी दुश्मनी से प्रेरित बा लोग।

‘कांग्रेस तs पहिलही से नंगा’

प्रधानमंत्री कहलें, “कांग्रेस आ ओकर इकोसिस्टम भारत के एगो वैश्विक आयोजन के आपन गंदा आ नंगा राजनीति के अखाड़ा बना देलस। समारोह स्थल पs बिदेसी मेहमानन के सामने कांग्रेस नेता कपड़ा उतार के पहुंच गइल लोग। देस तs जानतही बा कि रउआ पहिलही से नंगा बानी, फेर कपड़ा उतारे के जरूरत काहे पड़ल?”

‘ऊ लोग हमार कब्र खोदे के सोचत बा’

पीएम मोदी आगे कहलें, “कांग्रेस नेता मोदी से नफरत करेला। ऊ लोग हमार कब्र खोदे के चाहेला, इहां तक कि हमार मां के अपमान करे से पीछे ना हटेला।” ऊ साफ शब्दन में कहलें कि राजनीतिक विरोध के मतलब ई ना कि संस्थागत शिष्टाचार आ राष्ट्रीय हित के कुर्बान कs दिहल जावs।

‘एआई समिट देस के आयोजन हs’

पीएम मोदी जोर देत कहलें कि एआई ग्लोबल समिट कवनो पार्टी के आयोजन ना रहे। “कांग्रेस के इयाद रखे के चाहीं कि ई भाजपा के इवेंट ना रहे, ओह समय कवनो भाजपा नेता मवजूदो तक ना रहे। ई देस के काम रहल आ देस खातिर कइल गइल काम रहे।”

कांग्रेस पs ग्लोबल मंच के राजनीति खातिर गलत इस्तेमाल करे के आरोप लगावत प्रधानमंत्री कहलें कि भारत के टेक्नोलॉजी महत्वाकांक्षा दुनिया के सामने रखे खातिर आयोजित एह कार्यक्रम में तय मर्यादा तुड़ल गइल। पीएम मोदी के मोताबिक, कांग्रेस के एह बेवहार के हर जगह कड़ा निंदा हो रहल बा।

Read Also: Naxal Surrender : शीर्ष नक्सली देवजी कइलस ‘आत्मसमर्पण’, तेलंगाना पुलिस के साेझा डललस हथियार!

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-