फोटो स्टोरी भारत के एह मंदिरन में कहीं मटन बिरयानी त कहीं मुर्गी, मांस चढ़ावल जाला. By कुमार आशू On Jul 20, 2022 263 Share 1/9 भारत में अइसन कई गो मंदिर आ धार्मिक स्थल बाड़ें जहाँ मांस के प्रसाद के रूप में चढ़ावल आ बाँटल जाला। ई मंदिर देश के अलग-अलग राज्य में स्थित बा। आईं ओह मंदिरन के नाम जानीं आ जानीं कि प्रसाद में का देहल जाला. 2/9 तमिलनाडु के मुनियांदी स्वामी मंदिर में चिकन अउरी मटन बिरयानी बतौर प्रसाद मिलs ला। 3/9 ओडिशा के पुरी में स्थित बिमला देवी मंदिर में मटन अउरी मछली से बना प्रसाद मिलs ला। 4/9 उत्तर प्रदेश के गोरखपुर स्थित तरकुलहा देवी मंदिर में बकरा के मांस प्रसाद के तौर पर चढावल जाला। 5/9 केरल के परासिनिक करवु मंदिर में मछली अउरी ताड़ी चढ़ावल जाला। 6/9 पश्चिम बंगाल के मशहूर कालीघाट मंदिर में बकरा के मांस चढ़ावल जाला। 7/9 असम के कामाख्या देवी मंदिर में मछली अउरी मीट के भोग भी लगावल जाला। 8/9 बंगाल के तारापीठ मंदिर में मछली अउरी मीट प्रसाद के तौर पर मिलs ला। 9/9 पश्चिम बंगाल के ही दक्षिणेश्वर काली मंदिर में मछली के प्रसाद के तौर पर चढ़ावल अउरी बाँटल जाला। (All Photos: Wikipedia) व्हाट्सएप्प पर रेगुलर न्यूज़ अपडेट्स पाने के लिए हमारे व्हाट्सएप्प ग्रुप को ज्वाइन करें। Join Whatsapp Group 263 Share WhatsappFacebookFacebook MessengerTwitterLinkedinTelegram
Comments are closed.