पांच बरिस में पर्यटन के नक्शा पर उभरल गोरक्षनगरी, 50 से अधिक योजना पर भइल काम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2022

पांच बरिस में पर्यटन के नक्शा पर गोरक्षनगरी तेजी से उभरल बा। पहिले जहां पर्यटन के नाम पs गोरखनाथ मंदिर, गीता प्रेस, तरकुलहा आदि स्थल ही रहल, उहवें अब दर्जन भर पर्यटन स्थल बा। पिछले

Share

रामगढ़ ताल।
प्रदेश सरकार के महत्वाकांक्षी योजना मुख्यमंत्री पर्यटन संवर्धन योजना एके गांव ले पहुंचा दिहले बा। एकरे तहत प्रदेश के हर विधानसभा क्षेत्र में 50 लाख रुपया के लागत से एगो धार्मिक स्थल के पर्यटन के रूप में विकसित कइल जा रहल बा।
Gorakhpur zoo

तीन सौ करोड़ से अधिक के योजना पर भइल काम

पर्यटन नीति-2018 जहां गोरखपुर में कई बड़ निवेशकन के आकर्षित कइल गइल त पर्यटन स्थलन के विकास खातिर भी सरकार खजाना खोल देहलें। गोरखपुर में पर्यटन विकास खातिर करीब तीन सौ करोड़ रुपया के काम के मंजूरी देहल गइल रहे।
पंडित राम प्रसाद बिस्मिल स्मारक।

एह धरोहरन के बदलल सूरत

पर्यटन विभाग पिछले पांच बरिस में करीब 54 स्थान के सुंदरीकरण क रहल बा। एहमें से कुछ के काम पूरा भी हो चुकल बा। गोरखनाथ मंदिर में साउंड एंड लाइट शो, राम प्रसाद बिस्मिल स्मारक, चौरीचौरा शहीद स्मारक, डोहरिया कला स्मारक, भरोहिया शिव स्थल, सूर्यकुंड धाम, मुंजेश्वरनाथ मंदिर, मोहद्दीपुर अउरी जटाशंकर गुरुद्वारा, मुक्तेश्वरनाथ मंदिर, वाटर स्पोर्ट्स कांपलेक्स, मानसरोवर मंदिर, मानसरोवर रामलीला मैदान, कबीर धूनी, गोरख तलैया, रामलीला मैदान बर्डघाट, रामगढ़ताल लाइट एंड साउंड शो सहित 45 जगह पर काम पूरा हो गइल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.