Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

297
  1. बिहार: पटना में 7 डॉक्टरन समेत 165 मिलल कोरोना पॉजिटिव, राज्य भर में पावल गइल 422 नाया संक्रमित।
  2. बिहार: बिहार में 31 के होई BJP के बैठक, बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा होइहें बैठक में शामिल।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में असिस्टेंट प्रोफेसर के 917 पदन पs भर्ती, आवेदन प्रक्रिया आज से सुरु।
  4. उत्तर प्रदेश: बकरीद के लेके सीएम योगी के सख्त निरदेस, विवादित जगहन पs ना  होखे कुर्बानी।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन के खास पंकज मिश्रा हिरासत में, 20 ठिकानन पs ताबड़तोड़ छापेमारी, करोड़न रुपिया बरामद।
  6. अमरनाथ गुफा के लगे बादल फटल: पानी के बहाव में 15 लोगन के मौत, 45 लापता।
  7. लंदन के सड़कन पs गांगुली अपना जन्मदिन पs ठुमका लगावत लउकले, बेटी सना आ पत्नी डोना रहली मवजूद।
  8. जापान के पूर्व पीएम शिंजो आबे के गोली मारके हत्या, भारत में आज राष्ट्रीय शोक।
  9. लद्दाख में भारतीय सेना के पोजिशन के लगे पहुंचल चीनी एयरक्राफ्ट, वार्निंग के बाद लवटल।
  10. भारत-इंग्लैंड दूसरा टी-20 आज: कोहली, बुमराह आ पंत के वापसी पs का प्लेयिंग 11 में मवका।
289590cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.