देसभर में पेट्रोल आ डीजल दु रुपिया सस्ता : नया कीमत आज सबेरे 6 बजे से लागू ; 22 महीना बाद दाम घटावल गइल 

Share

लोकसभा चुनाव से पहिले पेट्रोलियम कंपनी लोगन के राहत देलस आ पेट्रोल आउर डीजल के दामन में दो रुपिया प्रति लीटर के कटौती कs दिहल। नया कीमत सुक के सबेरे छह बजे से लागू हो गइल बा। एकरा पहिले 21 मई, 2022 (22 महीना) के दाम घटवले रहे।

पेट्रोलियम एंड नेचुरल गैस, केंद्रीय मंत्री हरदीप पुरी बियफे (14 मार्च) के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर जानकारी देलें। ऊ लिखलें कि पेट्रोल आ डीजल के दाम दो रुपिया कम कs के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एक बेर फेर साबित कs देलें कि करोड़न भारतीयन के परिवार के हित आ सुविधा उनकर लक्ष्य बा।

केंद्र सरकार के घोषणा से कुछ घंटा के पहिलही राजस्थान सरकार अपना राज्य में पेट्रोल-डीजल पs दो प्रतिशत वैट कम कइले रहे। एसे राजस्थान के डबल फायदा होई आ राज्य के हर जिला में पेट्रोल-डीजल कम से कम साढ़े 3 रुपिया सस्ता होई। राजस्थान में अब 31.04 प्रतिशत के जगह 29.04 प्रतिशत वैट लागी।

21 मई, 2022 में आठ रुपिया प्रति लीटर कम भइल रहे पेट्रोल

एकरा पहिले पेट्रोल-डीजल के दाम 2022 में घटल रहे। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण 21 मई, 2022 के पेट्रोल पर उत्पाद शुल्क में आठ रुपिया प्रति लीटर आ डीजल पs छव रुपिया प्रति लीटर के कटौती के घोषणा कइले रहली। नया दाम 22 मई से लागू भइल रहे। हालांकि, अभी जवन दाम घटावल गइल बा ऊ ऑयल मार्केटिंग कंपनियन के ओर से कम कइल गइल बा। ई कंपनी रोजिना सबेरे छव बजे दामन के रिवाइज करेली सs।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-