सुप्रीम कोर्ट केंद्र के गाय के राष्ट्रीय पशु घोषित करे के निर्देश देहले के निहोरा करे वाली याचिका पर सुनवाई से सोमार ले इनकार क देहलस। न्यायमूर्ति एस के कौल अउर न्यायमूर्ति अभय एस ओका याचिकाकर्ता से पूछलस कि एसे कौन मौलिक अधिकार प्रभावित हो रहल बा।
याचिकाकर्ता के लगवलें फटकार
पीठ कहलस कि का ई अदालत के काम ह? आप अइसन याचिका दायर ही काहें करतनी कि हमनी के ओपर जुर्माना लगावे के पड़े? कौन मौलिक अधिकार के उल्लंघन भइल बा? चूंकि आप अदालत आइल बा त का नकारात्मक नतीजा के परवाह कइले बिना ई करीं?’
याचिकाकर्ता जुर्माना लगावे के बात पर वापस लिहलें याचिका
याचिकाकर्ता के ओर से पेश भइल वकील न्यायालय में कहलें कि गौ संरक्षा बहुत महत्वपूर्ण बा। पीठ वकील के आगाह कइलस कि उ जुर्माना लगवलें जेकरे बाद उ याचिका वापस ले लीहलें अउर मामला के खारिज कs दिहल गइल। शीर्ष न्यायालय गैर-सरकारी संगठन गोवंश सेवा सदन अउर अन्य के एगो जनहित याचिका पर सुनवाई करत रहे जेमें केंद्र के गाय के राष्ट्रीय पशु घोषित करे के निर्देश देवे के अनुरोध कइल गइल रहे।
Post Views: 6