अपने मर्जी से नाइ चला पाई लोग अब ई-रिक्शा, बनी चार जोन

Share

महानगर में ई-रिक्शा चालक अपने मर्जी से कहीं, कौनहूँ रास्ता पर नाइ जा सकेने। एकरे खातिर चार जोन बनीं। ई-रिक्शा के संचालन के व्यवस्थित करे खातिर मंडलायुक्त रवि कुमार एनजी अपर जिलाधिकारी, पुलिस, परिवहन अउर नगर निगम के अधिकारियन के समिति बना के मार्ग के चिह्नित करत ई-रिक्शा के चलवावे के निर्देश दिहले बानें।

आयुक्त सभागार में संभागीय प्राधिकरण के बइठक में मंडलायुक्त बियफे के निर्देश देत कहनें कि सिविल एयरपोर्ट से यात्रियन के सुरक्षा के दृष्टि से प्रीपेड टैक्सी के संचालन करावल जाई। एकरे खातिर जल्दी से जल्दी टेंडर के प्रक्रिया पूरा करावल जाए। मंडल के हर जिला में वाहन के स्टैंड अउर विराम स्थल के चिह्नित कइले के सथही हाईवे के किनारे पर ठाढ़ होखे वाले वाहनन पर कार्रवाई करे खातिर जिम्मेदारन के मंडलायुक्त निर्देश दिहनें।

ऊ टॉरेंट गैस के अधिकारी के निर्देश दिहलें कि जिला में सीएनजी गैस फिलिंग स्टेशन के संख्या बढ़ावें ताकि आमजन के कौनो दिक्कत न होखे। ऊ एआरएम रोडवेज के निर्देश दिहलें कि फरेंदा से महराजगंज ले रोडवेज बस के संचालन सही से होखे अउर उनकर सूची एआरटीओ महराजगंज के उपलब्ध करावे।

कहनें कि शीत ऋतु में डंपर, ट्रैक्टर आदि वाहन द्वारा मिट्टी लाद के अधिक गति से संचालित करे अउर दूसर सब वाहन के ओवरस्पीडिंग पर विशेष प्रवर्तन अभियान चलावल जाय। स्कूल वाहन के मानक के ले के भी मंडलायुक्त जिम्मेदार लोग के आवश्यक निर्देश दिहलें। ऊ कहनें कि एनएचएआई सड़क पर अवैध कट के बंद करे अउर हाईवे पs एंबुलेंस के भी व्यवस्था करे। बैठक के संचालन आरटीओ प्रशासन अनीता सिंह कइलें।

बैठक में डीआईजी जे रविंद्र गौड़, जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश, उप परिवहन आयुक्त वाराणसी अशोक कुमार सिंह, एसपी यातायात डॉ. एमपी सिंह, ब्रजेश उपाध्याय, डॉ. बीएम राव, रेखा दिवाकर, उप श्रमायुक्त अमित कुमार मिश्र, पीआर पांडेय, संभागीय परिवहन अधिकारी (प्रवर्तन) वीके सिंह आदि लोग मौजूद रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-