Pawan Singh: पवन सिंह के पार्टी से निकाली BJP? केंद्रीय मंत्री के बयान से मचल सियासी बवाल

Sonu Kishor

Bihar Politics News पवन सिंह के चुनाव के बीच बीजेपी बड़ झटका दे सकत बिया। केंद्रीय मंत्री राजकुमार सिंह पवन सिंह के बीजेपी से निकाले के बात कहले बाड़े। उऽ कहले कि उऽ जदि काराकाट से चुनाव लड़िहे तऽ हम पार्टी नेता लो से अनुरोध करब कि उनका मे पार्टी से निकाल दिहल जाव। उनका के निष्कासित कइल जाव।

भोजपुर जिला के आरा सीट से भाजपा प्रत्याशी आ केंद्रीय मंत्री राजकुमार सिंह भोजपुरी स्टार पवन सिंह के पार्टी से निकाले के बात कह राजनीतिक पारा गर्म कर देले बाड़े।

उऽ कहले कि पवन सिंह जदि काराकाट से निर्दलीय चुनाव लड़त बाड़े, उऽ उऽ राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, बिहार प्रभारी विनोद तावड़े आ प्रदेश अध्यक्ष सम्राट चौधरी से निहोरा करिहें कि उनका के पार्टी से निष्कासित कइल जाव।

बता दी कि उऽ जगदीशपुर के टाउन हाल में मंगर के राजग कार्यकर्ता लो के सम्मेलन के संबोधित करत रहले। उऽ कहले कि ई चुनाव आरके सिंह भा उपेंद्र कुशवाहा के ना हऽ, ई प्रधानमंत्री के चुनाव हऽ आ हमनी में से केहू हारे भा जीते, ओकर प्रभाव बराबर बा। एह घरी पूरा एनडीए गठबंधन एकजुट बा।

‘हम कुशवाहा खातिर जी-जान लगा देंब’

आरके सिंह कहले कि उपेंद्र कुशवाहा के क्षेत्र में उऽ जइहे आ उहो हमरा क्षेत्र में अइहे, राजग गठबंधन में हर कोई एक-दूसरा खातिर जवन संभव बा उऽ कर रहल बा, उहो काराकाट में एनडीए के जीत दिआवे खातिर जी-जान लगा दिहे।

उऽ कार्यकर्ता लो से सवाल कइले कि का जात के नाम पs वोट आ भ्रष्टाचार करे वालन के वोट करेबऽ ? वोट वइसन लोग के दिही जे ईमानदार बा। तबे ईमानदारी से काम होई। कार्यकर्ता लो कहले कि प्रण लीही कि हमनी भ्रष्ट लोगन के वोट ना देब। कार्यकर्ता लो सहमति जतावत नारा लगवलस।

उनका जइसन नेता अबही ले कोई नइखे’

केंद्रीय मंत्री कहले कि जहां से हमरा वोटो ना मिलल रहे उहवों हम विकास कइले बानी, काहेकि हम सभे खातिर सांसद बानी । उऽ कहले कि देश में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार साफ छवि के नेता हउअन, उनका लो जइसन नेता अबही केहू नइखे।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...