Shekhar Suman joins BJP: ‘कथनी आ करनी में अंतर होला’, भाजपा में शामिल होखला के बाद शेखर सुमन अइसन काहे कहलें ?

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2024

Shekhar Suman joins BJP: लोकप्रिय अभिनेता आ टीवी होस्ट शेखर सुमन (Shekhar Suman) मंगर के भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइले। एही दौरान मीडिया के संबोधित करत घरी कहले कि काल्ह तक उनका इहो

Share

Shekhar Suman joins BJP: लोकप्रिय अभिनेता आ टीवी होस्ट शेखर सुमन (Shekhar Suman) मंगर के भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइले। एही दौरान मीडिया के संबोधित करत घरी कहले कि काल्ह तक उनका इहो पता ना रहे कि उऽ ई कदम उठाइहे। उऽ एह निर्णय खातिर भगवान के धन्यवादो दिहले। बता दी कि शेखर सुमन के राजनीति में ई पहिला कदम नइखे।

लोकप्रिय अभिनेता आ टीवी होस्ट शेखर सुमन (Shekhar Suman) मंगर के भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइले। उऽ पार्टी मुख्यालय में भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव विनोद तावड़े के मौजूदगी में भगवा पार्टी के सदस्यता लिहले। भाजपा के दामन थामला के बाद शेखर सुमन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, अमित शाह आ विनोद तावड़े, जेपी नड्डा आ अनुराग ठाकुर सहित भाजपा के शीर्ष नेतृत्व के आभार व्यक्त कइले।

कहला आ कइला में होला अंतरः शेखर सुमन

काल्ह तक हमरा ना पता रहे कि हम आज इहाँ बइठब काहेकि जीवन में बहुत चीज जाने-अनजाने में होला। हम इहाँ बहुत सकारात्मक सोच के साथे आइल बानी आ हम भगवान के शुक्रिया अदा कइल चाहऽ तानी कि उऽ हमरा के इहाँ आवे के आदेश देले। एगो आदमी अपना शब्द पs बहुत निर्भर रहेला आ एगो समय के बाद शब्द के कवनो महत्व ना रह जाला, काहेकि कहे स करे में अंतर होला। – शेखर सुमन

पहिलहु लड़ चुकल बाड़े चुनाव

बता दी कि शेखर सुमन के राजनीति में ई पहिला कदम ना हऽ। एकरा से पहिले सुमन साल 2009 में कांग्रेस के बैनर तले पटना साहिब से लोकसभा सीट के खातिर चुनाव लड़ले रहले। एह चुनाव में शेखर सुमन पूर्व भाजपा नेता शत्रुघ्न सिन्हा के खिलाफ चुनाव लड़ले रहले। हालांकि, उनका हार के सामना करे के पड़ल रहे आ उऽ तीसरका नंबर पs रहले। सुमन साल 2012 में कांग्रेस से इस्तीफा दे देले रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.