[the_ad_group id="30365"]

Pawan Kalyan Birthday: 16 साल में रचवले तीन शादी, राजनीति में मरले एंट्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजु साउथ के मशहूर स्टार पवन कल्याण के 52वां जन्मदिन ह। पवन कल्याण के जनम 2 सितंबर 1971 के भइल रहे। पवन कल्याण साउथ मेगास्टार चिरंजीवी के छोट भाई हवे। शायद बहुत कम लोग जानत होई कि उनकर असली नाम कोन्निडेला कल्याण बाबू ह। हालांकि प्रशंसक उनुका के सिर्फ स्क्रीन नाम पवन कल्याण से जानत बाड़े। बता दीं कि ऊ 1997 के तेलुगु फिल्म ‘गोकुलामलो सीता’ से आपन फिल्मी सफर शुरू कइले रहले। जनता में भी पवन कल्याण के बहुत क्रेज बा।

जब 16 साल में कइले तीन बियाह 

पवन कल्याण के असली जिनिगी में भी कई गो मोड़ बा जइसे कि फिलिमन में। सोलह साल के उमिर में तीन बेर बियाह कs लिहले। उनुकर पहिला बियाह 1997 में भईल रहे। उनकर मेहरारू के नाम नंदिनी रहे। हालांकि मतभेद के चलते दुनों के तलाक 1999 में हो गईल। एकरा बाद पवन कल्याण के जिनगी में रेनू देसाई अईली। दुनु जाना एक दूसरा से बियाह क लेले। लेकिन बियाह के तीन साल बाद ही दुनो लोग के तलाक हो गईल। एह बियाह से पवन कल्याण के दू गो संतान बा – एगो बेटा आ एगो बेटी। अभिनेता के तीसरा बियाह के बात करत उनुकर बियाह 2021 में साल अन्ना लेजनेवा से भईल रहे। दुनु जने के मुलाकात साल 2011 में भइल रहे।

राजनीति में भी घुस गईले

पवन कल्याण फिल्मी मंच के संगे राजनीति में भी बहुमुखी प्रतिभा के कामयाब बाड़े। पवन निर्देशक, गायक आ पटकथा लेखक भी बाड़े। पवन अपना फिल्मी कैरियर अवुरी राजनीति दुनो खातीर खबर में बनल बाड़े। पवन कल्याण अपना बड़ भाई चिरंजीवी निहन राजनीति में आपन पैर स्थापित कईले। साल 2008 के बात ह, जब पवन कल्याण पार्टी प्रजा राज्यम में शामिल भईल रहले। हालांकि कुछ साल बाद अभिनेता पवन कल्याण आपन पार्टी जनसेना बनवले।

उ भाजपा के समर्थन कईले रहले। एतने ना, उ सत्तारूढ़ तेलुगु देशम पार्टी के सहयोग से पीएम मोदी के बहुत प्रचार भी कईले। लेकिन पवन कल्याण आंध्र प्रदेश के विशेष दर्जा देवे के लेके भाजपा से अपना पार्टी के संबंध खतम क देले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]