पटना। शहर में अपराधियन के हौसला फेर से बढ़ल नजर आइल, जब बदमाश एगो कारोबारी के गोली मार देलें सs। ई घटना बोरिंग रोड इलाका के हs, जहां जीएस इंक्लेव अपार्टमेंट के लगे कारोबारी दिलीप कुमार सिंह पs हमला भइल। ऊ सत्ताधारी के जनता दल (यूनाइटेड) के फुलवारी विधायक श्याम रजक के बहुते करीबी संघतिया बतावल जात बाड़ें।
कार से उतरतही बनवले सs निशाना
मंगर के रात करीब नव बजे दिलीप कुमार सिंह ऑफिस से लवट के अपार्टमेंट पहुंचल रहस। कार पार्क करे के बाद जइसही ऊ ग्राउंड फ्लोर से लिफ्ट के ओर बढ़लें, ओही समय पीछे से आइल दूगो बदमास उनका ऊपर फायरिंग सुरू कs देलें।
तीन राउंड फायरिंग
बदमाश लोग लगातार तीन राउंड गोली चलवलें। एमे से एगाे गोली पेट के लगे लागल, जवन आर-पार हो गइल। घायल हालत में तुरंत उनका के निजी अस्पताल में भरती करावल गइल, जहां इलाज जारी बा।
सीसीटीवी में कैद भइल पूरा घटना
पूरा वारदात अपार्टमेंट में लागल सीसीटीवी कैमरा में रिकॉर्ड हो गइल बा। फुटेज में साफ देखल गइल कि एगो आरोपी हेलमेट पहिनले रहे, जवना से ओकर पहचान साफ ना हो सकल।
अटल पथ से भाग निकलले सs शूटर
घटना के अंजाम देके दुन्नो बदमाश बाइक से अटल पथ के ओर भाग निकलल। पुलिस के शक बा कि भागे खातिर पहिलही से पूरा रूट तय कइल गइल रहे।
कइयन गो सीसीटीवी फुटेजन के खंगाल रहल बिया पुलिस
पुलिस बोरिंग रोड से लेके अपार्टमेंट तक के रास्ता में लागल दर्जन भर सीसीटीवी कैमरा के फुटेज खंगारत बिया। बाइक के नंबर आ मॉडल के पहचान करे खातिर बारीकी से जांच होत बा।
रेकी के शक, अज्ञात पs केस दर्ज
पुलिस के अनुमान बा कि एह घटना में दूगो से जादे अपराधी सामिल हो सकेले सs आ पहिले से रेकी कइल गइल रहे। हेलमेट आ टोपी के चलते अपराधियन के पहचान मुस्किल हो रहल बा। अज्ञात बदमाशन के खिलाफ केस दर्ज कs के जांच तेज कs दिहल गइल बा।
लेन-देन आ पुरान विवाद के जांच जारी
घटना के असली कारण पता करे खातिर पुलिस कारोबारी के पुरान विवाद आ रुपिया-पईसा के लेन-देन के जांच करत बिया। घायल के बयान दर्ज हो चुकल बा आ हर एंगल से छानबीन जारी बा।
Read Also: Indonesia Earthquake : इंडोनेशिया में भूकंप के बाद सुनामी, कइयन गो इमारत टूटल, एक के मौत








