Patna News : सिविल कोर्ट धमकी ममिला : छठवां बेर बम से उड़ावे के ईमेल, कोर्ट परिसर में दहशत, सुरक्षा एजेंसी अलर्ट

Share

पटना। पटना सिविल कोर्ट के बुध के भोर में एक बेर फेर बम से उड़ावे के धमकी मिलतही हड़कंप मच गइल। ई धमकी ईमेल के जरिये भेजल गइल रहे, जवना के जानकारी मिलतही प्रशासन फौरन एहतियाती कदम उठावत पूरा कोर्ट परिसर खाली करवा देलस। अदालती कामकाज तुरंते रोक दिहल गइल आ सुरक्षा कारणन से आम लोग के प्रवेश पs अस्थायी रोक लगा दिहल गइल, जवना के चलते पूरा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

जानकारी के मोताबिक, रात करीब एक बजे जिला आ सत्र न्यायाधीश के कार्यालय के आधिकारिक मेल पs ईमेल आइल, जवना में कोर्ट परिसर में आरडीएक्स प्लांट करे के दावा कइल गइल रहे। मेल मिलतही पुलिस आ प्रशासन हरकत में आ गइल। कोर्ट के खाली करावे के संगे-संगे बम निरोधक दस्ता आ डॉग स्क्वॉड के बोलावल गइल। जांच पूरा होखला के बाद प्रशासन बतवलस कि हालात सामान्य रहल तs दुपहरिया 12 बजे से अदालती कार्यवाही दोबारा सुरू भइल।

पुलिस आ बम स्क्वॉड तैनात

घटना के खबर मिलतही पीरबहोर थाना के पुलिस टीम मवका पs पहुंच के पूरा कोर्ट परिसर के घेराबंदी कइलस। बम स्क्वॉड आ डॉग यूनिट हर कमरा, बरामदा आ पार्किंग एरिया के बारीकी से जांच कइलस, ताकि कवनो संदिग्ध सामान समय रहते पकड़ में आ सके।

छठवां बेर मिलल धमकी

बतावल जा रहल बा कि ई छठवां बेर बा जब पटना सिविल कोर्ट के अइसन धमकी मिलल बा। हालांकि पिछला कवनो ममिला में विस्फोटक ना मिलल रहे, बाकिर बार-बार आवे वाला धमकी से सुरक्षा बेवस्था पs सवाल खड़ा हो रहल बा।

साइबर सेल सक्रिय

धमकी भरल ईमेल के स्रोत पता करे खातिर साइबर सेल के लगावल गइल बा। आईपी एड्रेस आ डिजिटल ट्रैकिंग के सहारे ई जाने के कोसिस हो रहल बा कि आखिर बार-बार अइसन हरकत के पीछे के आ काहे बा। फिलहाल कोर्ट परिसर में सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा आ हालात पs लगातार नजर रखल जा रहल बा।

Read Also: US Pakistan Relations : ‘अमेरिका हमनी के टॉयलेट पेपर जइसन इस्तेमाल कs के फेंक दिहलस’, पाक रक्षा मंत्री के कबूलनामा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-