US Pakistan Relations : ‘अमेरिका हमनी के टॉयलेट पेपर जइसन इस्तेमाल कs के फेंक दिहलस’, पाक रक्षा मंत्री के कबूलनामा

By Shweta Supriya

Published on: Feb 11, 2026

नई दिल्ली। पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ अमेरिका पs तीखा हमला करत कहले बाडें कि अमेरिका आपन रणनीतिक फायदा खातिर पाकिस्तान के इस्तेमाल कइलस आ जब मकसद पूरा हो गइल तs टॉयलेट पेपर के

Share

नई दिल्ली। पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ अमेरिका पs तीखा हमला करत कहले बाडें कि अमेरिका आपन रणनीतिक फायदा खातिर पाकिस्तान के इस्तेमाल कइलस आ जब मकसद पूरा हो गइल तs टॉयलेट पेपर के टुकड़ा जइसन फेंक देलस।

पाकिस्तान के नेशनल असेंबली में बोलत आसिफ मान लेलें कि पाकिस्तान अकसर आपन आतंकी इतिहास से इनकार करत रहल बा आ एकरा पहिले के तानाशाहन के गलती बता के टाल देत रहल बा। ऊ मनलें कि अफगानिस्तान के दुगो जंग में इस्लामाबाद के सामिल होखल भारी भूल रहल आ आज पाकिस्तान में फइलल आतंकवाद ओह पुरान गलतियन के नतीजा बा।

अमेरिका से दोस्ती पs का बोललें ख्वाजा आसिफ

ख्वाजा आसिफ 1999 के बाद अमेरिका से पाकिस्तान के फेर से नजदीकी पs सवाल उठवलें। खास कs के अफगानिस्तान के मसला पs देस के भारी नुकसान उठावे के पड़ल। ऊ कहलें कि 11 सितंबर 2001 के हमला के बाद अमेरिका से दोबारा जुड़ल पाकिस्तान खातिर बहुते महंगा साबित भइल।

आसिफ के कहनाम रहे कि, “पाकिस्तान के संगे टॉयलेट पेपरो से बदतर सलूक कइल गइल, एगो मकसद खातिर इस्तेमाल कइल गइल आ फेर फेंक दिहल गइल।” रक्षा मंत्री बतवलें कि 2001 के बाद अमेरिका के अगुवाई वाला अफगान जंग में पाकिस्तान फेर से वॉशिंगटन के साथ देलस आ एह दौरान तालिबान के खिलाफ खड़ा हो गइल।

ऊ कहलें कि जब आखिरकार अमेरिका एह इलाका से निकल गइल तs पाकिस्तान लमहर समय तक हिंसा, कट्टरता आ आर्थिक तंगी से जूझत रहे। आसिफ सरकारी दावा के चुनौती देलें कि अफगान झगड़ा में पाकिस्तान के सामिल होखल धार्मिक मजबूरी रहे।

‘जिहाद के नाम पs पाकिस्तानियन के भेजल गइल’

ख्वाजा आसिफ कबूल कइलें कि पाकिस्तानियन के जिहाद के नाम पs लड़ाई में भेजल गइल रहे, जवन भ्रामक रहल आ देस खातिर भारी नुकसानदेह साबित भइल। संसद में ऊ बतवलें कि दुगो पुरान मिलिट्री तानाशाह जिया-उल-हक आ परवेज मुशर्रफ अफगान जंग में इस्लाम खातिर ना, बलुक एगो सुपरपावर के खुस करे खातिर कूद पड़ल रहे लोग।

रक्षा मंत्री कहलें, “हमनी के अपना इतिहास से मुंह मोड़ लेत बानी सs आ आपन गलतियन के स्वीकार नइखी करत। आतंकवाद अतीत में तानाशाहन के गलत फैसाल के नतीजा बा। पाकिस्तान के जवन नुकसान भइल बा, ओकर भरपाई कबो ना हो सकेला। एह गलतियन के सुधारल अब नामुमकिन बा।”

Read Also: Bhojpuri Wedding Song : यायावरी वाया भोजपुरी लेके आ रहल बा बियाह गीतन के सीरीज, “कहवां बाड़े भाई” भइल रिलीज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.