[the_ad_group id="30365"]

लापरवाही: गोरखपुर मेडिकल कॉलेज में एक्सपायर ब्लड चढ़वला से मरीज के मौत, डॉक्टरन पर मारपीट के भी आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मरीज कुंवर शंकर पाण्डेय के भाई जयशंकर पाण्डेय गोरखपुर बीआरडी मेडिकल कॉलेज के डाक्टरन पर गंभीर आरोप लगवले बाडे। जयशंकर पाण्डेय के आरोप बा कि मेडिकल कॉलेज में भर्ती उनका भाई कुंवर शंकर के मना कईला के बावजूद उनका के ना सिर्फ एक्सपायरी डेट के खून दिहल गईल, बलुक डॉक्टर उनका के मारपीट भी कईले। गलत खून चढ़ावे के चलते उनुकर भाई के मौत हो गईल। उ गुलरिहा थाना के लिखित शिकायत देहले बाड़े।

सहजनवन थाना क्षेत्र के जलहेपर गांव निवासी जयशंकर पांडे बतवले कि 15 दिन पहिले एगो ट्रेन दुर्घटना में उनकर भाई कुंवर शंकर पांडे के गोड़ कट गइल रहे। एकरा बाद उनका के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल। आरोप बा कि ड्रेसिंग के नाम प रोज 500 रुपया अउरी ए ऑपरेशन खातीर 20 हजार रुपया लिहल जात रहल।

शुक्रवार के भाई के एक्सपायरी डेट के खून दिहल जात रहे, एहसे एकर विरोध कईल गईल। एकरा प ड्यूटी प लागल डॉक्टर उनका के मारपीट कईले। उ आरोप लगवले कि, एक्सपायरी डेट के खून अउरी गलत दवाई के चलते उनके भाई के मौत हो गईल।

मौत के सूचना प मेडिकल कॉलेज चौकी पुलिस मौका प पहुंचल अउरी देर रात परिवार के लोग के समझावत लाश के मुर्दाघर में रखलस। पुलिस के देखरेख में शनिवार के पोस्टमार्टम करावल गईल। गुलरिहा थाना के कहना बा कि तहरीर मिल गइल बा. मामला के जांच क के कार्रवाई कईल जाई।
मामला सोझे नईखे आईल। मामला विभाग के सोझे लिहल जाई। अगर पीड़ित पक्ष से शिकायत मिलल त जांच करावल जाई। जवन भी डॉक्टर अउरी स्वास्थ्यकर्मी के दोषी पावल जाई ओकरा प कड़ कार्रवाई कईल जाई।
– डॉ. गणेश कुमार, प्राचार्य, बीआरडी मेडिकल कॉलेज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]