[the_ad_group id="30365"]

Parineeti Raghav Net Worth: परिणीति चोपड़ा आ राघव चड्ढा, जानि के बा जादा अमीर? कहां से होला करोड़ों के कमाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

राघव चड्ढा आम आदमी पार्टी के युवा चेहरा हउवें जबकि परिणीति बॉलीवुड के जानल मानल अभिनेत्री हई। दुनु जने के कैरियर एह घरी बहुते बढ़िया से चलत बा। अइसना में ई दुनु जाना केकरा लगे केतना सम्पत्ति बा, आई जानल जाव।

बॉलीवुड के मशहूर अभिनेत्री परिणीति चोपड़ा आ आम आदमी पार्टी के मंत्री राघव चड्ढा के सगाई आजु यानी 13 मई के हो रहल बा। ई सगाई नई दिल्ली में हो रहल बा। ई समारोह कनॉट प्लेस के कपूरथला हाउस में आयोजित कइल जा रहल बा। एह संस्कार परिवार आ दोस्तन के मौजूदगी में कइल जाई। राघव चड्ढा आम आदमी पार्टी के युवा चेहरा हउवें जबकि परिणीति बॉलीवुड के जानल मानल अभिनेत्री हई। दुनु जने के कैरियर एह घरी बहुते बढ़िया से चलत बा। अइसना में ई दुनु जाना के केतना सम्पत्ति बा, ई जानल जा।

राघव चड्ढा राजनीतिज्ञ के संगे खुद चार्टर्ड एकाउंटेंट भी बाड़े। ऊ डेलॉइट, श्याम मालपानी आ ग्रांट थॉर्नटन जइसन एकाउंटेंसी फर्म में काम कइले बाड़न बाकिर साधारण जिनिगी जियत बाड़न। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक उनुकर कुल संपत्ति 50 लाख बा। राघव साल 2012 में आप में शामिल भईले अवुरी उनुका के राज्यसभा के सबसे कम उम्र के सदस्य के रूप में जानल जाला।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक परिणीति चोपड़ा के कुल संपत्ति 60 करोड़ रुपया बा। परिणीति मुख्य रूप से अपना फिल्म आ विज्ञापन फिल्मन के माध्यम से कमाई करेली। मुंबई में उनुकर समुंदर के ओर घर बा अवरू उनुकर लगे जगुआर XJL, ऑडी ए6 आ ऑडी Q5 जईसन लग्जरी कार भी बा। ए मामला में परिणीति संपत्ति के मामला में राघव से बहुत आगे बाड़ी।

राघव आ परिणीती दुनु जने लंदन स्कूल ऑफ इकोनॉमिक्स से पढ़ाई कइले बाड़े। पिछला कुछ दिन से दुनु जने के एक संगे देखल जात रहे अवुरी अब दुनो के सगाई हो गईल बा। दुनु के जोड़ी बहुते सुन्दर लागत बा। एह सगाई खातिर परिणीति के बहिन प्रियंका चोपड़ा भी अपना पति-बेटी के संगे भारत आईल बाड़ी।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]