[the_ad_group id="30365"]

नाहीं रहले पंकज उधास, 72 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के मशहूर गायक पंकज उधास के निधन हो गइल बा। गायक 72 साल के उमिर में आपन आखिरी साँस लिहलन। बतावल जाता कि उ बहुत दिन से बीमारी से पीड़ित रहले। सिंगर के बेटी नायाब उनुका निधन के जानकारी देले बाड़ी। उनकर परिवार कठिन समय से गुजर रहल बा। पंकज उधास के जनम 17 मई 1951 के भइल रहे। उs गजल गायक के रूप में उभर के सामने अइले। भारतीय संगीत जगत में उनकर तुलना तलत अजीज़ आ जगजीत सिंह जइसन अउरी संगीतकारन से कइल जात रहे।

पारिवारिक बयान

पंकज उधास के बेटी इंस्टाग्राम पs पोस्ट जारी कs परिवार के ओर से बयान जारी कईले बाड़ी। पोस्ट में लिखल रहे कि, ‘बहुत दुख के साथ हम रउआ सभे के सूचित करत बानी कि पद्मश्री पंकज उधास के निधन 26 फरवरी 2024 के हो गईल। उs बहुत दिन से बेमार रहले। बतावल जाता कि मुंबई के एगो अस्पताल में सबेरे 11 बजे उनुकर मउत हो गईल। पंकज उधास के पार्थिव शरीर अबे ब्रीच कैंडी अस्पताल में बा। भाई लो के इंतजार बा। काल्हु आखिरी संस्कार कइल जाई।

पंकज उधास के जनम राजकोट में भइल रहे

पंकज उधास के जनम गुजरात के राजकोट के लगे चारखड़ी-जैतपुर के जमींदार चरण परिवार में भईल रहे। तीन भाई में उs सबसे छोट रहले। पंकज के पिता के नाम केशुभाई उधास रहे। पंकज के बड़ भाई भी गायक रहले। मनोहर उधास बॉलीवुड के हिन्दी प्लेबैक गायक रहलें। पंकज से पहिले भी उs बॉलीवुड में एगो अलग पहचान बनवले रहले। उनकर दूसर बड़ भाई निर्मल उधास भी एगो मशहूर गजल गायक हवें। गायन के दुनिया में सबसे पहिले निर्मल के प्रवेश भइल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]