शापूरजी पालोनजी ग्रुप के चेयरमैन पद्म भूषण पालोनजी मिस्त्री के 93 बरिस के उमिर में मुंबई में निधन हो गइल बा. पोलानजी साइरस मिस्ट्री के पिता रहले, जे टाटा सन्स के अध्यक्ष रहले। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मुंबई में 93 साल के उमर में उनुकर निधन हो चुकल बा।
हम बता दीं कि शापूरजी पालोनजी ग्रुप के बिजनेस इंजीनियरिंग, निर्माण, बुनियादी ढांचा, रियल एस्टेट, जल ऊर्जा आ वित्तीय सेवा के क्षेत्र में फइलल बा. एह ग्रुप में करीब 50,000 कर्मचारी बाड़े। कंपनी के ओर से कहल जाता कि इ समूह दुनिया के 50 देश में कारोबार करता।
पालोनजी मिस्त्री के जनम एगो पारसी परिवार में भइल रहे। उ 2003 में आयरिश नागरिकता भी लेले रहले। साल 2016 में उनुका के पद्मभूषण से सम्मानित कईल गईल रहे। उनुका पीछे पत्नी पस्ती पेरिन दुबास अवुरी चार बच्चा शापूर मिस्त्री, साइरस मिस्त्री (बेटा) जबकि लैला मिस्त्री अवुरी आलू मिस्त्री (बेटी) बाड़े। उनकर बेटा साइरस मिस्ट्री 2012 से 2016 तक टाटा ग्रुप के अध्यक्ष रहले।
उद्योगपति पालोनजी मिस्त्री के निधन के बाद केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी भी उनुका के श्रद्धांजलि देत ट्वीट कईले बाड़ी। ऊ पालोनजी मिस्त्री के विद्वता आ काम के प्रति कोमलता के सराहना कइले बाड़न.
Pallonji Mistry , the end of an era. One of life’s greatest joys was to have witnessed his genius , his gentleness at work. My condolences to the family and his loved ones.
— Smriti Z Irani (@smritiirani) June 28, 2022
Comments are closed.