IND vs PAK: पाकिस्तान के लागल बड़ झटका, भारत के खिलाफ मुकाबला से तेज गेंदबाज शाहनवाज दहानी भइले बाहर

Share

भारत के खिलाफ अतवार के होखे वाला मुकाबला से पहिले पाकिस्तान के बड़ झटका लागल बा। टीम के तेज गेंदबाज शाहनवाज दहानी चोट के कारण सुपर-4 में टीम इंडिया के खिलाफ होखे वाला मुकाबला से बाहर हो गइले। पाकिस्तान के तेज गेंदबाज शाहनवाज दहानी चोटिल होखला के बाद एशिया कप 2022 के सुपर 4 राउंड में भारत बनाम पाकिस्तान के बीच होखे वाला भिड़ंत खातिर उपलब्ध ना होइहे। तेज गेंदबाज साइड स्ट्रेन के वजह से एह मुकाबला में ना खेलिहें आ अगिला 2-3 दिनन तक मेडिकल टीम द्वारा ओकर निगरानी कइल जाई।

भारत के खिलाफ एशिया कप 2022 के सुपर-4 मैच से पहिले पाकिस्तान के तेज गेंदबाज शाहनवाज दहानी के चोटिल होखल पाकिस्तान खातिर अच्छा खबर नइखे। दहानी 2 सितंबर के शारजाह क्रिकेट स्टेडियम में हॉन्ग कॉन्ग के खिलाफ खेले उतरे रहल, जहां उनका ई चोट ना लागल।

पीसीबी बयान में कहलस, ”शहनवाज दहानी अतवार के एशिया कप सुपर-4 मैच खातिर भारत के खिलाफ संदिग्ध साइड स्ट्रेन के कारण उपलब्ध ना होइहे। सुक के शारजाह में हॉन्ग कॉन्ग के खिलाफ मैच में गेंदबाजी करत घरी ऊ चोटिल भइले।”

कहल गइल, “जइसन कि साइड स्ट्रेन के कवनो चोट के ममिला में होला, मेडिकल टीम अगिला 48-72 घंटन तक उनकर निगरानी करी, जेकरा बाद ऊ स्कैन करी आ टूर्नामेंट में आगे के भागीदारी सहित निर्णय लिही।”

पाकिस्तान पहिलही से कइयन खिलाड़ियन के चोटिल होखला से परेसानी में बा। एकरा पहिले शाहीन शाह अफरीदी आ मोहम्मद वसीम जूनियर चोट के कारण टूर्नामेंट से बाहर हो गइल रहे लो। ई दुनो खिलाड़ी टूर्नामेंट शुरू होखे से पहिलही चोटिल हो गइल रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-