Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जीत के संगे भारत करी टॉप पs पहुंचे के कोसिस

124
सीवान इन्शुरेंस 720 90

भारतीय पुरुष हॉकी टीम एफआईएच प्रो लीग में आज आ अतवार के इंग्लैंड के खिलाफ होखे आला मैचन में जीत के संगे टॉप पs पहुंचे के कोसिस करी।

आज के मैच का बाद,अतवार के बाद मैच भुवनेश्वर में खेलल जाई। भारत अब ले एह सत्र में आठ मैच खेलले बा आ ऊ 16 अंक के संगे जर्मनी (17) के बाद तालिका में दूसरा स्थान पs बा। इंग्लैंड के टीम अभी दु जीत आ एतने हार के संगे छव अंक के संगे सातवा स्थान पs बा। भारत एकरा पहिले अंतिम बेर इंग्लैंड से टोक्यो ओलंपिक के फाइनल में खेलल रहे जवना में 3-1 से जीत हासिल भइल रहे।

234870cookie-checkजीत के संगे भारत करी टॉप पs पहुंचे के कोसिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.