एशिया कप टी-20 का फाइनल मुकाबला अतवार के श्रीलंका आ पाकिस्तान के बीच खेलल जाई। आर्थिक संकट के बीच अगर श्रीलंका टूर्नामेंट जीतत बा तs ओकरा देशवासियन के खुशी के कुछ लम्हा मिली। बाकिर एकरा खातिर ओकरा पाकिस्तान जइसन मजबूत टीम के तीन दिन के भीतर दू बेर हरावे के होई। श्रीलंका एक तरह से एशिया कप के मेजबान बा, बाकिर सुरक्षा कारणन से ऊ एकर आयोजन अपना देश में ना कs पाइल आ एहिसे संयुक्त अरब अमीरात के एह टूर्नामेंट के आयोजित करे के मौका मिलल। दुनो के बीच ई फाइनल में चउथा टक्कर होई। पिछला तीन में से दु बेर श्रीलंका जीते में सफल रहल बा।
ओपनर मेंडिस-पाथुम के जुगलबंदी
बाबर के फॉर्म चिंता के विषय
दुबई में हालांकि टॉस के भूमिका महत्वपूर्ण रहल बा आ अइसन में पहिले बल्लेबाजी करे वाला टीम के नुकसान होला। पाकिस्तान के अइसहू पहिले बल्लेबाजी करत प्रदर्शन निम्मन नइखे रहल। ऊ भारत आ श्रीलंका के खिलाफ जवन मैच गंववलस ओमे ऊ पहिले बल्लेबाजी कइले रहे।
दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11
पाकिस्तान: मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), बाबर आजम (कप्तान), फखर जमान, इफ्तिखार अहमद, शादाब खान, मोहम्मद नवाज, आसिफ अली, खुशदिल शाह, हारिस रऊफ, नसीम शाह, मोहम्मद हसनैन।