बस में 45 से अधिक बराती सवार रहलें। एहमें कई लइके भी रहलें। बरात के बस दुल्हन के घर पहुंचले से पहिले सिमड़ी बैंड के पास चालक के लापरवाही से दुर्घटनाग्रस्त हो के खाई में समा गइल। बस के कमानी के पट्टा टूटले से हादसा भइल।
बस हादसा मंगर साँझ खबर मिलतही गांव में मातम पसर गइल। बुधवार के सुबह ले रेस्क्यू चलल। बस में सवार हताहत बरातियन के सुबह ले सही जानकारी नाइ मिल सकल, जेसे गांव में पूरा रात लोग सूत नाइ पावल।
सभे अपना लोग के सलामती के दुआ करत रहलें। बुध के साँझ आठ बजे एसएसपी पौड़ी यशवंत सिंह चौहान बतवलें कि हादसा में 33 लोग के मौत अउर 18 घायलन के पुष्टि कइलें।