पहलगाम हमला में शामिल आतंकी आसिफ शेख के घर उड़ा दिहल गइल, जम्मू-कश्मीर में सुरक्षाबलन के बड़ एक्शन

पहलगाम हमला में शामिल आतंकी आसिफ शेख के घर उड़ा दिहल गइल

Share

पहलगाम आतंकी हमला : पहलगाम आतंकी हमला में शामिल आतंकी आसिफ शेख के घर विस्फोट में तबाह हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक पुलवामा जिला के अवंतीपोर के त्राल इलाका के मोंघामा में भईल विस्फोट में आतंकी आसिफ शेख के घर तबाह हो गईल। पहलगाम आतंकी हमला में आसिक शेख के नाव सामने आइल बा. 

तलाशी के दौरान बक्सा में बैटरी अवुरी तार मिलल बा

खबर के मुताबिक, भारतीय सेना अवुरी जम्मू-कश्मीर पुलिस के संगे सीआरपीएफ के दस्ता देर रात त्राल में आसिफ शेख के घर पहुंचल। घर के तलाशी के दौरान एगो बक्सा के भीतर तार अवुरी बैटरी जईसन कुछ देखाई देलस। एकरा के नियंत्रित विस्फोट से निष्क्रिय कs दिहल गइल आ एही दौरान एगो जोरदार धमाका भइल जवना से आसिफ शेख के घर जमीन पs गिर गइल. इलाका के खाली करावे आ पास के घरन के खाली करावे के चलते कवनो तरह के जानमाल के नुकसान के खबर नइखे. जानकारी के मुताबिक 42 आरआर के इंजीनियर टीम के ओर से पुष्टि के बाद मौका पs नष्ट कs दिहल गईल। 

आतंकी आदिल के घर भी उड़ा दिहल गईल

दूसर ओर बीजबेहरा के गुरी निवासी लश्कर-ए-तैबा के आतंकी आदिल थोकर उर्फ ​​आदिल गुरी के घर भी गिरा दिहल गईल बा। पहलगाम हमला में उनुकर हाथ होखे के आशंका बा। आदिल 2018 में कानूनी तौर प पाकिस्तान गईल रहले, जहां उ आतंकी के प्रशिक्षण लेले रहले। उ पछिला साल जम्मू-कश्मीर लवट आईल रहले।

एलओसी के साथ फायरिंग

दूसर ओर जम्मू कश्मीर में नियंत्रण रेखा के किनारे कुछ जगह प पाकिस्तान गोलीबारी कईलस, जवना प भारतीय सेना उचित जवाब दे देलस। सैन्य सूत्र के मुताबिक ए दौरान कवनो प्रकार के जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नईखे आईल। पहलगाम आतंकी हमला के बाद दुनो पक्ष के बीच तनाव बढ़ला के बीच पाकिस्तानी सेना गोलीबारी कईलस।

पहलगाम में 22 अप्रैल के पर्यटकन पर हमला भइल रहे

बता दीं कि 22 अप्रैल के पहलगाम में आतंकवादी पर्यटकन के निशाना बना के 26 लोग के गोली मार के हत्या कर दिहले रहले. ए घटना के बाद भारत-पाकिस्तान के बीच तनाव चरम प पहुंच गईल बा। पाकिस्तान के खिलाफ भारत के ओर से बहुत कूटनीतिक कदम उठावल गईल बा। सिंधु जल संधि रोक दिहल गइल बा, वीजा रद्द कs दिहल गइल बा आ राजनेता लोग के भारत छोड़े के कहल गइल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-