[the_ad_group id="30365"]

बिना परीक्षा के डिजिटल इंडिया में नौकरी पावे के मौका, बस इ काम करीं, बेहतरीन महीना के वेतन मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  •  सरकारी नौकरी DIC Recruitment 2024: डिजिटल इंडिया कॉरपोरेशन (DIC) में नौकरी (Govt Jobs) पावे के इ एगो बढ़िया मौका बा। एह पदन खातिर आवेदन करे के चाहत सगरी उम्मीदवारन के दिहल बिन्दु के ध्यान से पढ़े के चाहीं।

DIC Recruitment 2024 Notification: डिजिटल इंडिया कॉरपोरेशन (DIC) में नौकरी चाहत अभ्यर्थी (सरकारी नौकरी) खातिर एगो खुशखबरी बा। एकरा खातिर डिजिटल इंडिया फुल स्टैक डेवलपर – रिएक्ट एंड नोड जेएस, क्यूए टेस्टर, यूएक्स डिजाइनर, सुरक्षा इंजीनियर आ मैनेजर/डिप्टी मैनेजर ऑनबोर्डिंग टेक्निकल असिस्टेंट के पद खातिर बहाली के एलान कइले बा । जदी रउरा लगे एह पदन से जुड़ल योग्यता भी बा त रउरा आधिकारिक वेबसाइट dic.gov.in के माध्यम से डिजिटल इंडिया खातिर आवेदन क सकेनी।

डिजिटल इंडिया के एह बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गइल बा आ उम्मीदवार 31 मई ले आवेदन कर सकेलें । एह बहाली के माध्यम से कुल 16 पद भरल जा रहल बा। जदी रउरा भी डिजिटल इंडिया में नौकरी पावे के आकांक्षा बा त नीचे दिहल इ सब बात के ध्यान से पढ़ीं।

डिजिटल इंडिया में के आवेदन करी?

डिजिटल इंडिया के एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला सगरी उम्मीदवारन के कवनो मान्यता प्राप्त संस्थान भा विश्वविद्यालय से बी.ई./बी.टेक (कंप्यूटर साइंस, इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी, इलेक्ट्रॉनिक्स एंड कम्युनिकेशन), एमसीए डिग्री होखे के चाहीं ।

डिजिटल इंडिया में नौकरी पावे खातिर उम्र सीमा

डिजिटल इंडिया कॉरपोरेशन रिक्रूटमेंट 2024 खातिर आवेदन करे वाला लोग के न्यूनतम उम्र सीमा 25 साल आ अधिकतम उम्र सीमा 35 साल होखे के चाही। तब जाके उ लोग आवेदन करे के पात्र हो जइहे।

एही तरे रउरा डिजिटल इंडिया में नौकरी मिली

आधिकारिक अधिसूचना के मुताबिक, जे भी डिजिटल इंडिया निगम के ए बहाली खाती आवेदन करता, ओकरा के साक्षात्कार के आधार प चुनल जाई, सूचना आ आवेदन के लिंक इहाँ देखल जाएडीआईसी भर्ती 2024 नोटिफिकेशनलिंक डीआईसी भर्ती 2024 खाती आवेदन करे खातीर करी।

डिजिटल इंडिया निगम भर्ती खातिर अन्य जानकारी

डिजिटल इंडिया कॉरपोरेशन के एह बहाली के माध्यम से जवन भी उम्मीदवार चुनल जाई ओकर तैनाती नई दिल्ली में होई। बाकी डिजिटल इंडिया कॉरपोरेशन के मौजूदा नीति के मुताबिक डिजिटल इंडिया कॉरपोरेशन के प्रोजेक्ट लोकेशन प भी ट्रांसफर कइल जा सकता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]