पीएम मोदी के आगमन के लेके 36 घंटा खातिर छपरा में नो फ्लाइंग जोन, एसपी देलें आदेस, स्पेशल टीम तैनात 

By Anurag Ranjan

Published on: May 12, 2024

लोकसभा चुनाव के प्रचार अपना चरम पs बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आगमन के लेके शहर में सुरक्षा के सारा बेवस्था दुरुस्त कइल जा रहल बा। हर छोट-बड़ चीझन के लेके विशेष धेयान दिहल जा

Share

लोकसभा चुनाव के प्रचार अपना चरम पs बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आगमन के लेके शहर में सुरक्षा के सारा बेवस्था दुरुस्त कइल जा रहल बा। हर छोट-बड़ चीझन के लेके विशेष धेयान दिहल जा रहल बा। प्रधानमंत्री के कार्यक्रम स्थल सहित पूरा छपरा शहर के हाई सेंसिटिव जोन में बदल दिहल गइल बा।

एसपीजी आ केंद्रीय पुलिस बल सहित जिला पुलिस के तैनाती कइल गइल बा। एह क्रम में शहर के नो फ्लाइंग जोन घोषित कs दिहल गइल बा। अगिला 36 घंटा तक कवनो तरे के आकाशीय वस्तु के उड़ावे पs प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा।

एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज जारी कs बतवलें कि 12 मई के सबेरे 10 बजे से 13 मई रात 10 बजे तक कार्यक्रम स्थल से पांच किमी के दूरी तक कवनो तरे के ड्रोन, एयर बैलून, पैरा-मोटर्स, पैरा-ग्लाइडर, पावर्ड हैण्ड ग्लाइडर के प्रतिबंधित कइल गइल बा। एह आदेस के ना माने पs प्राथमिकी दर्ज कs के उचित कार्रवाई कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.