[the_ad_group id="30365"]

सावन के महीना में एह रंग के कपड़ा पहिनके भोलेनाथ के पूजा करल होला फलदायी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सावन रंग : भोलेनाथ के पूजा के महीना सावन 04 जुलाई से शुरू हो गइल बा। अबकी बेर अतिरिक्त महीना के चलते सावन 59 दिन तक चली। बता दीं कि अबकी बेर सावन में 4 ना 8 सोमवार के व्रत मनावल जाई। सावन सोमवार के शादीशुदा महिला अवुरी अविवाहित लईकी बरत रखेली। शादीशुदा महिला एकरा के सुखी दाम्पत्य जीवन खातीर जबकि लईकी एकरा के भगवान शिव जईसन दूल्हा पावे खातीर रहेली। एह लेख में आजु हमनी के पूजा के तरीका के बारे में ना बल्कि कपड़ा के रंग के बारे में बतावे जा रहल बानी जा जवना के उपयोग भोलेनाथ के पूजा में होखे के चाहीं।

 

कवन रंग के कपड़ा के शुभ मानल जाला

 1- हालांकि हर रंग भगवान के बनावल ह, लेकिन भगवान शिव के पूजा खातिर हरा रंग के बहुत शुभ मानल जाला। ई रंग भगवान शिव के बहुत प्रिय बा। एही से लोग सावन के पूरा महीना खातिर हरियर रंग के कपड़ा जरूर पहिरेला। बियाहल मेहरारू हरियर साड़ी आ चूड़ी पहिन के अपना के सजावेली। दूसर ओर ए महीना में लईकी पूजा के समय हरियर सूट पहिरेली। एकरा अलावे आप सफेद, नारंगी, पीला चाहे लाल रंग के कपड़ा भी पहिन सकतानी।

2- साथ ही भगवान शिव के पूजा में करिया कपड़ा कबो ना पहिरे के चाहीं। मानल जाता कि इ रंग भोलेनाथ के अप्रिय बा। सावन में ही ना कवनो धार्मिक काम में एह रंग के पहिरे पs रोक बा। त अबकी बेर रऊवा भी रंग के ध्यान में रख के पूजा करीं आ भगवान शिव के आशीर्वाद प्राप्त करीं।

 

(अस्वीकरण: इहाँ दिहल जानकारी सामान्य मान्यता आ जानकारी पs आधारित बा। खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नइखे करत।)

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]