[the_ad_group id="30365"]

गर्दा उड़ावे खातिर आ रहल बा ओप्पो स्मार्टफोन, लुक-डिस्प्ले सभ मजबूत, 32MP के फ्रंट कैमरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओप्पो ओप्पो रेनो 8 स्मार्टफोन सीरीज के भारतीय बाजार में ले आवे के तैयारी करतिया। ई सीरीज वैश्विक बाजार में लॉन्च हो चुकल बा। अगर अफवाह प विश्वास कईल जाए त ए सीरीज के तहत तीन डिवाइस लॉन्च कईल जा सकता। एहमें ओप्पो रेनो 8, ओप्पो रेनो 8 प्रो अवरू ओप्पो रेनो 8 प्रो+ शामिल होई। एह सीरीज के भारत में 18 जुलाई के लॉन्च कइल जा सकेला।

अबकी बेर ओप्पो कुछ अलगे करे वाला बा

रेनो सीरीज के तहत इ पहिला मौका होई जब ओप्पो भारत में तीन डिवाइस ले आई। रेनो सीरीज में अभी तक कवनो प्लस वेरिएंट लॉन्च नईखे भईल। एकरा से पहिले रेनो 7 सीरीज में सिर्फ दुगो डिवाइस ओप्पो रेनो 7 अवरू रेनो 7 प्रो ले आवल गईल रहे। रेनो 6 के संगे भी कुछ अयीसने भईल। कुल मिलाके कंपनी रेनो 8 सीरीज के माध्यम से प्रीमियम स्मार्टफोन सेगमेंट में घुस सकता।

मजबूत फीचर बा

फीचर के बारे में बात कईल जाए त बेस लेवल स्पेसिफिकेशन ओप्पो रेनो 8 में देखल जाई। एकरा में 6.4 इंच के एमोलेड डिस्प्ले दिहल जाई, जवन कि 90 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करी। फोन में डायमेंसिटी 1300 चिपसेट के संगे 4500एमएएच के बैटरी, 12GB तक के रैम अवरू 256GB स्टोरेज दिहल जाई जवन कि 80W के फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करी। 50MP के प्राइमरी कैमरा, 2MP मैक्रो अवरू 2MP सेंसर के संगे ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप होई, जबकि फ्रंट कैमरा 32MP के होई।

ओप्पो रेनो 8 प्रो एकरा से जादे शक्तिशाली डिवाइस होई। एकरा में 6.6 इंच के 120 हर्ट्ज एमोलेड डिस्प्ले दिहल जाई। फोन में स्नैपड्रैगन 7 जेन 1 चिपसेट अवरू ट्रिपल कैमरा सेटअप दिहल जाई, जवना में 50MP के सोनी IMX766 सेंसर, 8MP के अल्ट्रा-वाइड कैमरा अवरू 2MP के मैक्रो कैमरा दिहल जाई। फ्रंट कैमरा 32MP के होई। ओप्पो रेनो 8 प्रो+ रेनो 8 प्रो से बहुत मिलत जुलत बा, सिवाय एकरा कि एकरा में सेंटर माउंट पंच-होल कैमरा ना होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]