Operation Sindoor : वायुसेना प्रमुख के बड़ खुलासा- मार गिरावल गइल रहे पाकिस्तान के पांच लड़ाकू विमान

Share

नई दिल्ली। वायुसेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल अमर प्रीत सिंह बियफे के कहलें कि ऑपरेशन सिंदूर हाल के बरिसन के सबसे महत्वपूर्ण मिलिट्री कार्रवाई रहे। ऊ बतवलें कि एह ऑपरेशन से भारत के मजबूत वायु रक्षा क्षमता आ तीनो सेना के संयुक्त योजना के ताकत साफ झलकल। एयर चीफ मार्शल दावा कइलें कि ऑपरेशन के दौरान पाकिस्तान के पांच गो एफ-16 आ जेएफ-17 लड़ाकू विमान मार गिरावल गइल बा। ऊ कहलें कि ऑपरेशन सिंदूर तीनो सेना के तालमेल के प्रतीक रहल आ तीनो सेना अब सुदर्शन चक्र वायु रक्षा प्रणाली पs काम सुरू कs देले बा।

पाकिस्तान के भारी नुकसान के दावा

एयर चीफ मार्शल एपी सिंह कहलें कि ऑपरेशन में पाकिस्तान के बहुते नुकसान भइल बा- कइयन गो हवाई अड्डा आ प्रतिष्ठानन पs हमला भइल। उनकर कहनाम रहे कि हमनी के कइयन जगहन के रडार, दू गो कमांड एंड कंट्रोल सेंटर, दू गो रनवे आ तीन गो अलग-अलग स्टेशनन के हैंगर नुकसान पहुंचल बा। साथ में कम से कम 4-5 लड़ाकू विमान- संभवतः एफ-16- तबाह भइल आ एगो एसएएम (सर्फेस-टू-एयर मिसाइल) प्रणाली नष्ट भइल।

ऊ आगे कहलें कि हमनी के दुश्मन के अंदर तक लमहर दूरी के लक्ष्य पs हमला कइनी सs, लगभग 300 किलोमीटर भीतर तक मारल गइल। भारत के हवा रक्षा प्रणाली एह स्थितियन के पूरा तरे पलट देले बा।

S-400 खरीदला पs सवाल-जवाब

जब पूछल गइल कि का वायुसेना अउरी S-400 एयर डिफेंस मिसाइल किने के विचार करत बा, तs एयर चीफ मार्शल सीधा जवाब ना देलें, बाकिर ऊ कहलें कि ई प्रणाली अच्छा साबित भइल आ हमनी के दुश्मन के क्षेत्र में अंदर तक देख पवनी सs। उनकर कहनाम रहे कि इतिहास में दर्ज होई कि हमनी के सइयन  किलोमीटर भीतर तक मार कइनी सs आ ओकरा बाद दुश्मन के गतिविधियन पs गंभीर रोक लाग गइल।

दुनियां के हमनी से सीखे के जरूरत

ऑपरेशन के संदर्भ में एयर चीफ मार्शल कहलें कि भारतीय सशस्त्र बलन के साफ निरदेस मिलल रहे कि ई एगो अइस संघर्ष रहे जवना के उद्देश्य स्पष्ट रहे। लक्ष्य पूरा होखतही कार्रवाई जल्दी से खत्म कs दिहल गइल। ऊ सोचत बाड़ें कि ई तरीका दुनिया खातिर सीख बने के चाहीं- मतलब तय उद्देश्य के संगे तेजी से कार्रवाई आ फेर शांत करे के नीति।

पाकिस्तानी दावन पs कसलें तंज

पाकिस्तान के ओर से भारत के कुछ विमानन के मार गिरावे के दावा पs एपी सिंह कहलें कि ई ओह लोगन के ‘मनोहर कहानी’ हs। ऊ कहलें कि जदि ऊ लोग सोच रहल बा कि ऊ लोग हमनी के 15 जेट मारल गइल तs ओह पs ऊ खुश रहस- आखिर ऊ लोग आपन प्रतिष्ठा बचावे खातिर कुछ बतावत रही। एयर चीफ मार्शल पुछलें कि का कहीं अइसन तस्वीर देखावल गइल जहां हमनी के एयरबेस पs कुछ गिरल होखे, कवनो हैंगर तबाह भइल होखे- ना तs ऊ सब कहानी खाली किस्सा बा। ऊ कहलें कि भारत अपना तरे से सब जगहन के नुकसान के तस्वीर जारी कइले बा, बाकिर पाकिस्तान एको गो ठोस फोटो नइखे दे सकल।

Read Also: World Weightlifting Championship : वर्ल्ड वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप में मीराबाई चानू के जलवा, भारत खातिर जीतली सिल्वर मेडल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-