Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में महिला स्वास्थ्य आ स्वच्छता पs कार्यशाला के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2025

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सनिचर के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ हेल्थ एंड हाइजीन कमेटी के संयुक्त आयोजन में, प्राचार्य प्रो. शैल पांडे के नेतृत्व में मिशन शक्ति फेस 5.0 के तहत

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सनिचर के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ हेल्थ एंड हाइजीन कमेटी के संयुक्त आयोजन में, प्राचार्य प्रो. शैल पांडे के नेतृत्व में मिशन शक्ति फेस 5.0 के तहत महिला स्वास्थ्य आ स्वच्छता पs एगो खास कार्यशाला आयोजित भइल।

कार्यक्रम के संचालन रक्षा गुप्ता, प्राणि विज्ञान विभाग कइली। मुख्य अतिथि के रूप में डॉ. नीना अस्थाना, वरिष्ठ स्त्री रोग विशेषज्ञ, गोरखपुर मौजूद रहली। ऊ महाविद्यालय के छात्रा लोगन के साेझा आपन विचार रखली।

डॉ. अस्थाना छात्रा लोगन के मासिक धर्म स्वच्छता, सर्वाइकल कैंसर, पीसीओएस, एनीमिया आ महिला लोगल से जुड़ल दोसर स्वास्थ्य समस्यन पs विस्तार से जानकारी देली। ऊ सही आदत अपनावे पs जोर देली आ कहली कि शारीरिक स्वास्थ्य के संगे-संगे मानसिक स्वास्थ्य बहुते जरूरी बा।

मुख्य अतिथि छात्रा सभे से संवाद कइली आ ऊ ओह लोगन के सवालन के जवाब देली। ऊ सलाह देले कि हर केहू के चाहीं सकारात्मक नजरिया अपनावेला आ जदि कवनो समस्या आवे तs अपना करीबी लोगन से जरूर साझा करेला।

प्राचार्य प्रो. शैल पांडे धन्यवाद ज्ञापन कइली। एह अवसर पs डॉ. सुगंधा पांडे, डॉ. दृष्टि केशवानी, डॉ. उम्रा जमाल सहित कॉलेज के सब छात्रा मौजूद रहे लोग।

Read Also: Gorakhpur Encounter : गोरखपुर कांड के आरोपी जुबैर मुठभेड़ में मारल गइल, बुलेटप्रूफ जैकेट से बचल सीओ के जान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.