World Weightlifting Championship : वर्ल्ड वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप में मीराबाई चानू के जलवा, भारत खातिर जीतली सिल्वर मेडल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला वेटलिफ्टर मीराबाई चानू वर्ल्ड वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप के 48 किलो वर्ग में देस खातिर सिल्वर मेडल जीत लेले बाड़ी। ई मीराबाई के एह प्रतिष्ठित प्रतियोगिता में तीसरका मेडल हs। साल 2017 में

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला वेटलिफ्टर मीराबाई चानू वर्ल्ड वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप के 48 किलो वर्ग में देस खातिर सिल्वर मेडल जीत लेले बाड़ी। ई मीराबाई के एह प्रतिष्ठित प्रतियोगिता में तीसरका मेडल हs। साल 2017 में गोल्ड जीत चुकल चानू, अब दूसरा बेर सिल्वर अपना नामे कइली।

उत्तर कोरियाई खिलाड़ी बनवली वर्ल्ड रिकॉर्ड

उत्तर कोरिया के री सोंग-गम कुल 213 किलो (91 किलो + 122 किलो) भार उठाके गोल्ड मेडल जीतली। ऊ क्लीन एंड जर्क में नया वर्ल्ड रिकॉर्ड बनवली।

थाईलैंड के खिलाड़ी के नामे ब्रॉन्ज

थाईलैंड के थान्याथोन सुकचातरोएन 198 किलो (88 किलो स्नैच + 110 किलो क्लीन एंड जर्क) उठाके ब्रॉन्ज मेडल अपना नामे कइली।

क्लीन एंड जर्क में चमकली चानू

ओलंपिक पदक विजेता मीराबाई चानू अगस्त 2024 में कॉमनवेल्थ वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप में गोल्ड जीत चुकल बाड़ी। एह प्रतियोगिता में चानू कुल 199 किलो (84 किलो स्नैच + 115 किलो क्लीन एंड जर्क) उठवली। हालांकि, 87 किलो स्नैच में दू बेर उनकर प्रयास असफल भइल, बाकिर क्लीन एंड जर्क में उनकर तीनो प्रयास सफल रहल। 109 किलो से सुरू कs के, चानू 112 किलो आ फेर 115 किलो उठवली।

मीराबाई के पुरान उपलब्धि

31 बरिस के मीराबाई 2017 में अमेरिका के अनाहेम में वर्ल्ड वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप में 48 किलो वर्ग में गोल्ड जितले रहली। 2022 में बोगोटा में ऊ 49 किलो वर्ग में सिल्वर मेडल अपना नामे कइली।

भारत के दल में 14 सदस्य

11 अक्टूबर तक चले वाला ई चैंपियनशिप, कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 खातिर क्वालिफाइंग स्पर्धा बा। भारत से 14 सदस्यीय टीम भेजल गइल बा। महिला वर्ग में मीराबाई चानू के अलावे कोयल बार (53 किलो), बिंद्यारानी देवी (58 किलो), निरुपमा देवी (63 किलो), हरजिंदर कौर (69 किलो), वंशिता वर्मा (86 किलो), महक शर्मा (86 किलो+ वर्ग) सामिल बा लोग। पुरुष वर्ग में कॉमनवेल्थ गेम्स ब्रॉन्ज मेडलिस्ट लवप्रीत सिंह भारत के नेतृत्व कs रहल बाड़ें।

Read Also: Bihar News : बिहार में वंदे भारत ट्रेन से 5 किशोर टकराइल; 4 के दर्दनाक मौत, 1 गंभीर जख्मी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.