“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।
UP News : शंकराचार्य के बयान से संविधान ना बदली, मंत्री ओपी राजभर के यूजीसी आ पंचायत चुनाव पs बड़ बयान
Share
सेंट्रल डेस्क। वाराणसी दौरा पs पहुंचल कैबिनेट मंत्री ओमप्रकाश राजभर सोमार के यूजीसी के नियमावली पs बोलत कहलें कि जदि एह नियम में कवनो गड़बड़ी बा तs सुप्रीम कोर्ट जाईं। जे जाये के चाहत बा, ओकरा खातिर कोर्ट के दरवाजा खुलल बा। ऊ कहलें कि शिक्षा के क्षेत्र में ओबीसी, एससी आ एसटी के संगे भेदभाव होला आ एह भेदभाव के लड़ाई हमनी के लड़ेम सs।
चुनाव के पूरा तइयारी में बिया सरकार
त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव कब होई, एह सवाल पs राजभर कहलें कि सरकार चुनाव के पूरा तइयारी कs रहल बिया। मतपत्र छप गइल बा आ सब जिलन में भेजल जा रहल बा। शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद के बयान पs राजभर साफ कहलें कि देस संविधान से चलेला, कवनो बयान से संविधान बदले वाला नइखे। केहूओ के कहला से कुछो ना होखे।
गौमाता के राज्यमाता के दर्जा देवे के बयान पs ऊ कहलें कि जब ई मुद्दा कैबिनेट में आई, तब ओकरा पs विचार कइल जाई।
राजभर समाज पs कहलें बड़ बात
सुहेलदेव जयंती पs अनिल राजभर के ओर से मंच से दिहल बयान पs ओमप्रकाश राजभर कहलें कि जदि कवनो जगह वोट बेचे के दुकान चल रहल बा तs बताईं, अगर माई के लाल हउवें तs। राजभर समाज के नेता के, एह सवाल पs ऊ कहलें कि आज जे लोग उंगली उठा रहल बा, ऊ पहिले लोहा चोरी करत रहे। 23 साल में जवन काम ओमप्रकाश कइले बाड़ें, ऊ आज तक केहू कइले बा का? जब हम अपना बाप के बाप कहे लगनी, तब लोगन के ध्यान सुहेलदेव महाराज पs गइल।
राजभर कहलें कि सपा पीडीए के नारा दे रहल बिया, बाकिर पीडीए के मतलब परिवार डेवलपमेंट अथॉरिटी हs। बरेली के सिटी मजिस्ट्रेट के इस्तीफा आ शंकराचार्य से मुलाकात पs ऊ कहलें कि ई सब ड्रामा आ राजनीति बा। आखिर में राजभर कहलें, “हम राजभर बानी, आ राजभर सीना ठोक के बोलेला।”
Read Also: UP News : यूपी सरकार के बड़ फैसला, 68 हजार कर्मियन के सैलरी रोकल गइल, जानीं कारण
TAGS:NDA Ally Rajbhar, OBC Politics UP, OP Rajbhar Statement, Panchayat Elections UP, Shankaracharya Comment, UGC Rules Controversy, UP News Today, Uttar Pradesh Politics, Varanasi Political News
Share this article
Anurag Ranjan
Anurag Ranjan
IPL 2026 : सबसे जादे मैच खेलला के बादो खिताब ना जीत सकल लो ई खिलाड़ी, लिस्ट में कइयन गो भारतीय नाम सामिल
India Tour of Ireland : जून में आयरलैंड के दौरा करी भारतीय टीम, BCCI जारी कइलस पूरा शेड्यूल
IPL 2026 : आरसीबी फैंस खातिर राहत, चिन्नास्वामी स्टेडियम में फेर होई मैच
BCCI Naman Awards : बीसीसीआई रोहित शर्मा के जगह शुभमन गिल के बतवलस चैंपियंस ट्रॉफी के विजेता कप्तान, फैंस जमके निकालल लोग भड़ास
Michael Vaughan : वॉन के बेतुका बयान, दक्षिण अफ्रीका के बेवकूफ कहलें, बोललें- भारत के बाहर करे खातिर ओकरा विंडीज से हार जाये के रहे
Sachin Tendulkar Retirement : का मजबूरी में संन्यास लेले रहस सचिन तेंदुलकर? बीसीसीआई के एह बात के सुन के ‘मास्टर ब्लास्टर’ रह गइल रहस हैरान!
22 मार्च 2026 के राशिफल
Eid : देसभर में ईद के जश्न आज, दिल्ली के छोट-बड़ बाजारन से लेके गली-मुहल्ला तक रौनक, अदा कइल गइल नमाज
21 मार्च 2026 के राशिफल
Ayodhya : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आज राम नगरी में, हजारन मेहमानन के सामने करिहें राम यंत्र के स्थापना