UP News : यूपी सरकार के बड़ फैसला, 68 हजार कर्मियन के सैलरी रोकल गइल, जानीं कारण

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2026

लखनऊ। यूपी सरकार 68 हजार से जादे राज्य कर्मियन के सैलरी फिलहाल रोक देले बिया। ई सब ऊ कर्मचारी हs लोग, जे आपन चल-अचल संपत्ति के जानकारी “मानव संपदा पोर्टल” पs अपलोड ना कइले रहे

Share

CM Yogi Adityanath announcing mandatory singing of ‘Vande Mataram’ in all UP schools during Ekta Yatra in Gorakhpur

लखनऊ। यूपी सरकार 68 हजार से जादे राज्य कर्मियन के सैलरी फिलहाल रोक देले बिया। ई सब ऊ कर्मचारी हs लोग, जे आपन चल-अचल संपत्ति के जानकारी “मानव संपदा पोर्टल” पs अपलोड ना कइले रहे लोग। दरअसल, कुछ दिन पहिले प्रदेश सरकार साफ निरदेस देले रहे कि सब राज्य कर्मी लोगन के आपन प्रॉपर्टी के पूरा ब्योरा ऑनलाइन देहल जरूरी बा।

प्रदेश में आठ लाख से जादे राज्य कर्मचारी बा लोग। आदेस में कहल गइल रहे कि 31 दिसंबर 2025 तक अर्जित सब चल-अचल संपत्ति के ब्योरा 31 जनवरी 2026 तक मानव संपदा पोर्टल पs दर्ज कइल जरूरी बा। जदि तय तारीख तक जानकारी ना दिहल गइल तs फरवरी महीना में जनवरी के वेतन ना मिली।

मुख्य सचिव का कहले रहस?

कुछ दिन पहिले मुख्य सचिव बतवले रहस कि सब अधिकारी-कर्मचारी लोग 31 दिसंबर 2024 तक अर्जित आपन चल-अचल संपत्ति के ब्योरा 31 जनवरी तक मानव संपदा पोर्टल पs अनिवार्य रूप से भरें। 1 जनवरी से पोर्टल पs ई सुविधा सुरू कs दिहल गइल बा।

मुख्य सचिव इहो कहले रहस कि सब विभागाध्यक्ष आपन अधीनस्थ अधिकारी-कर्मचारी लोग से तय सीमा में ई काम पूरा करावे। जदि समय से संपत्ति के विवरण ना दिहल गइल तs एकरा के नकारात्मक रूप से लिहल जाई। 1 फरवरी 2025 के बाद होखे वाला विभागीय प्रमोशन समिति के बैठकन में अइसन अधिकारी-कर्मचारी के प्रमोशन पs विचार ना कइल जाई।

Read Also: UP News : यूपी में नया मुस्लिम विकल्प भा पुरान मजबूरी? विधान सभा चुनाव 2027 से पहिले बड़ बदलाव के संकेत!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.