[the_ad_group id="30365"]

OnePlus TV 50 Y1S Pro TV: 4K रिजॉल्यूशन आ डॉल्बी ऑडियो के साथे भारत में लॉन्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में वनप्लस टीवी 50 वाई 1 एस प्रो टीवी लॉन्च हो गइल बा। ई कंपनी के नवका 4K स्मार्ट टीवी हs। वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो के संगे 10 बिट कलर डेप्थ दिहल गइल बा। एकरा अलावे एचडीआर10+, एचडीआर10 अवुरी एचएलजी फॉर्मेट के सपोर्ट बा। एकरा संगे एंड्रॉयड टीवी अवरू लो लेटेंसी मोड उपलब्ध हो जाई। वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो के मुकाबला पिछला साल लॉन्च भईल शाओमी रेडमी एक्स50 टीवी से होई।

वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो के कीमत 

वनप्लस टीवी 50 वाई 1 एस प्रो के कीमत 32,999 रुपया राखल गइल बा अवरू ई 7 जुलाई से अमेजन इंडिया के संगे-संगे वनप्लस स्टोर से बिक्री खाती पउपलब्ध होई। एक्सिस बैंक कार्ड से 3000 के छूट दिहल जाई।

वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो के स्पेसिफिकेशन 

वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो में एंड्रॉयड टीवी 10.0 बा। एकरा संगे 50 इंच के 4K स्क्रीन उपलब्ध रही जवना के संगे एचडीआर10+, एचडीआर10 अवरू एचएलजी के  सपोर्ट मिली। गामा इंजन टीवी के संगे प्री-लोड कs के मिली। एकरा संगे एमईएमसी के सपोर्ट दिहल गइल बा। एह टीवी में मल्टीकास्ट अवरू गूगल डुओ उपलब्ध रही। टीवी के संगे 24W के स्पीकर दिहल जाई, जवना में डॉल्बी ऑडियो के सपोर्ट बा। एह टीवी के वनप्लस स्मार्टफोनो से कंट्रोल कइल जा सकी।

वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो में क्रोमकास्ट उपलब्ध होई। टीवी के संगे गूगल असिस्टेंट के सुविधा बा। एकरा अलावे अमेजन एलेक्सा के सपोर्ट रही। एह टीवी में 8 जीबी के स्टोरेज दिहल जाई अवुरी एकरा संगे 2 जीबी रैम मिली। कनेक्टिविटी खातिर वाई-फाई 802.11 a/b/g/n, ब्लूटूथ v5.0, तीन गो एचडीएमआई 2.1, दुगो यूएसबी 2.0 अवरू एगो आरजे45 ईथरनेट के सपोर्ट बा। वनप्लस टीवी 50 वाई1एस प्रो में गेम के मोड उपलब्ध रही। टीवी में किड्स मोड दिहल बा। वनप्लस बड्स अवरू वनप्लस बड्स प्रो दुनो बड्स टीवी से ऑटोमैटिक कनेक्ट कइल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]