[the_ad_group id="30365"]

दुनिया के सबसे ताकतवर देसन में से एगो हs रूस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे ताकतवर देसन में से एगो हs रूस

रूस दुनिया के कबो बेताज बादशाह रहल बा, आज जवना भूमिका में अमेरिका लउकेला ओह भूमिका के पहिले रूस निभावल करे। समे का संगे रूस के मय बड़ देस भलहीं गते-गते एगो किनार पs ठाड़ कs दिहल बाकिर रूस के ताकत आजो कम नइखे भइल। आज जब यूक्रेन के नाटो देसन के समूह में घुसावे के कोसिस होत रहल हs, तs रूस के कुछ हद ले ई मजबुरी बन गइल रहल कि ऊ एह डेग के उठावे, काहेकि कि जदि यूक्रेन नाटो में सामिल हो जाइत तs नाटो,अमेरिका आ आउर यूरोप के देसन के जंगी मिसाइल आ टैंक रूस के बार्डर पs हमेसा ला ठाड़ हो जाइत। रूस के एह तरे आगे जरूरत पडला पs घेरल जा सकत रहल हs, जवन रूस बरदास्त नइखे कs सकत। रूस के ई कदम ओकर ओह पहचान के बचावे के एगो डेग हs, जवना में ओकर गिनती देस के सबसे ताकतवर देसन में होत आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]