छपरा के मशरक में वाहन दुर्घटना में घायल वृद्ध के निधन, पटना रेफर कइल गइल रहे

Share

मशरक/मशरक न्यूज: मशरक-सहाजीतपुर मुख्य पथ पs मशरक शास्त्री टोला में तेज रफ्तार अनियंत्रित एगो पिक अप बुढ़ आदमी के धक्का मार के भाग गइल। घायल बुढ़ सड़क पs तड़पे लगले। ग्रामीण लोग घायल बुढ़ के मशरक सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पहुचावल लो।

जहां प्राथमिक उपचार के बाद घायल के इस्थिति खराब देख चिकित्सक डाॅ० एसके विद्यार्थी पटना पीएमसीएच रेफर कs दिहल। घायल बुढ़ मशरक शास्त्री टोला के 65 साल के उपेन्द्र तिवारी बतावल जा रहल बा। जवन अपना घर से मशरक बाजार जात रहे लो। एही बीच मशरक के तरफ से आ रहल तेज रफ्तार अनियंत्रित पिक अप धक्का मारके भाग गइल।

घटना के बाद ग्रामीण आक्रोशित हो गइल लो। जवना के बाद पार्षद राजेश कुमार तिवारी के अनुज रूपेश कुमार तिवारी घायल के अस्पताल में इलाज करावे आ पटना रेफर होने तक बहुते सहजोग कइल लो, बाकिर उनका के बचावल ना सकल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-