Oman: ओमान के तट पs तेल टैंकर पलटला से चालक दल के 16 सदस्य लापता, 13 भारतीय सामिल

Share

ओमान के तट पs एगो तेल टैंकर के पलटला से 16 लोगन के चालक दल लापता हो गइल। एह चालक दल में 13 भारतीय आ तीन श्रीलंकाई सामिल रहे लो। देस के समुद्री सुरक्षा केंद्र (एमएससी) ई जानकारी देलस।

एमएससी एक्स पs एगो पोस्ट में कहलस कि कोमोरोस के झंडा वाला तेल टैंकर बंदरगाह शहर डुकुम के लगे रास मद्रका के 25 समुद्री मील दक्षिण पूर्व में पलट गइल।

प्रेस्टीज फाल्कन के रूप में जहाज के भइल पहचान

डुकुम के बंदरगाह ओमान के दक्षिण-पश्चिम तट पs इस्थित बा, जवन ओमान के प्रमुख तेल आ गैस खनन परियोजनन में से एगो बा। एमे एगो प्रमुख तेल रिफाइनरियो सामिल बा, जवन ओमान के सबसे बड़ आर्थिक परियोजना आ डुकुम के विशाल औद्योगिक क्षेत्र के हिस्सा बा। जहाज के पहचान प्रेस्टीज फाल्कन के रूप में कइल गइल बा।

यमन के ओर जात रहे जहाज

एमएससी कहलस, “जहाज के चालक दल के सदस्य अभियो लापता बा। तलाश जारी बा।” नौवहन से जुड़ल वेबसाइट मैरीटाइम ट्रैफिक के मोताबिक, तेल टैंकर यमन के बंदरगाह शहर अदन के ओर जात रहे। आंकड़न से पता चलत बा कि एह जहाज के निर्माण 2007 में कइल गइल बा आ ई 117 मीटर लमहर बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-