सेंट्रल डेस्क। ओडिशा में सनिचर के भोर में एगो भीषण सड़क हादसा भइल। नयागढ़ जिला में एगो टूरिस्ट बस के पलट गइला से पांच लोग के मौत हो गइल, जबकि 30 से जादे यात्री घायल हो गइल लोग।
तेज रफ्तार बनल कारण
पुलिस के मोताबिक, ई हादसा रात करीब 2 बजे हनुमान घाटी रोड पs दासपल्ला इलाका में भइल, जब 55 यात्री से भरल बस मोड़ लेत घरी, बेकाबू होके पलट गइल। सुरुआती जांच में तेज रफ्तार के हादसा के मुख्य कारण मानल जा रहल बा।
मरे वाला लोगन के पहचान हरी पात्रा, लक्ष्मी पात्रा, सुप्रभा साहू, सुमति आ चालक प्रवीण कुमार साहू के रूप में भइल बा, ई सब लोग बरहामपुर के निवासी रहलें। घायलन के तुरंत बचाव दल बाहर निकाल के दासपल्ला के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में भरती करावल। पुलिस ममिला के जांच सुरू कइले बिया।
आंख देखल गवाह बतवलें डरावना मंजर
घायल यात्री आर्य पात्रा के कहनाम बा कि बस 100 किमी प्रति घंटा से जादे रफ्तार पs चलत रहे आ अचानक पलट गइल। कुछ यात्री बाहर गिर गइल लोग, जबकि कइयन गो बस के नीचे दब गइल।
ओडिशा के मुख्यमंत्री मोहन चरण माझी घटना पs गहिराह दुख जतवलें आ मरे वाला लोगन के परिवार के मुख्यमंत्री राहत कोष से 4 लाख रुपिया मुआवजा देवे के घोषणा कइलें। उपमुख्यमंत्री प्रवती परिदा शोक जतवली आ घायलन के जल्दी से ठीक होखे के कामना कइली।
Read Also: Odisha Accident : नयागढ़ में टूरिस्ट बस पलटल, पांच लोग के मौत








