[the_ad_group id="30365"]

अविवाहित नवहन के बढ़ रहल बा संख्या 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में बीतल कुछ बरिसन में अविवाहित नवहन के संख्या में इजाफा भइल बा। सरकार कावर से करावल गइल एगो सर्वेक्षण में ई बात सामने आइल बा। सर्वेक्षण के आकड़न के मोताबिक, देस में 15 से 29 बरिस के आयु वर्ग के। अविवाहित नवहन के अनुपात 2019 में बढ़के 23 फीसदी हो गइल रहे, जवन 2011 में 17.2 % रहे। राष्ट्रीय युवा नीति के मोताबिक, देश में 15 से 29 बरिस के आयु के लोगन के नवहन के रुप में वर्गीकृत कइल गइल बा।

राष्ट्रीय सांख्यिकी कार्यालय के नया रिपोर्ट के मोताबिक, देश में अइसन पुरुषन के आबादी 2011 20.8% रहे, जे कबो बियाह ना कइले रहे। ई अनुपात 2019 में बढ़के 26.1 % प्रतिशत हो गइल रहे। सर्वेक्षण के मोताबिक, कबो बियाह ना करे वाली महिला लोगन के अनुपातों में एही तरे के बढ़न्ती दर्ज कइल गइल रहे।

अविवाहित नवहन के आबादी बढ़ला के कारण ना बतावल गइल

सर्वेक्षण के मोताबिक, अविवाहित महिला लो के अनुपात 2011 में 13.5 % रहे, जवन 2019 में बढ़के 19.9 % हो गइल। सर्वेक्षण के मोताबिक, देश में 2019 में जम्मू-कश्मीर में अइसन नवहन के संख्या के अनुपात सबसे बेसी रहे, जे कबो बियाह ना कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]