सुविधा: ट्रेन में व्हाट्सएप से मंगावावल जा सकी भोजन

Share

ट्रेन यात्री जल्दिये व्हाट्सएप के माध्यम से खाना के ऑर्डर दे सकी लो। एमे एगो इंटरैक्टिव आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस संचालित चैटबॉट यात्रियन खातिर ई कैटरिंग सेवा के बेवस्था के संभारी आ भोजन बुक करी।

इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कॉरपोरेशन पहिलही से व्हाट्सएप नंबर +918750001323 के मध्य से कुछ मार्गन पs भोजन वितरित कर रहल बा। आईआरसीटीसी वेबसाइट www. catering.irctc.co.in के संगे- संगे अपना ई कैटरिंग ऐप ‘फूड ऑन ट्रैक’ के माध्यम से ई-कैटरिंग सेवा सुरू कइलें बा।

व्हाट्सएप से ई-कैटरिंग सेवा के कार्यान्यवयन दु चरणन में कइल जाई। पहिला चरण लागू कइल जा चुकल बा। एकरा तहत एगो बिजनेस व्हाट्सएप नंबर ई-टिकट बुक करे वाला ग्राहकन के www.ecatering.irctc.co.in पs क्लिक कs के कैटरिंग सेवा चुने के संदेश भेजेला। एकरा बाद यात्री ई-कैटरिंग वेबसाइट के माध्यम से भोजन बुक कs सकत बा लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-